कटिहार पटना राजरानी एक्सप्रेस दर्जनो लोग के काटत बढ़ गइल

एगो दर्दनाक हादसा में आजु सबेरे सहरसा का लगे धमारा घाट टीसन का लगे कटिहार से पटना जात राजरानी एक्सप्रेस रेल लाइन पार करत श्रद्धालुअन के काटत आगा बढ़ गइल. एह हादसा में नाहियो त दू दर्जन श्रद्धालुअन के मौत हो गइल आ कई दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. ई लोग सावन के आखिरी सोमारी के कात्यायिनी मंदिर पूजा करे जात रहुवे भा ओहिजा से लवटत रहुवे.

ई श्रद्धालु काँवरिया जब टीसन पर खड़ा ट्रेन से उतरे भा चढ़े खातिर रेललाइन पार करत रहुवे तबहिए बिचलका लाइन पर राजरानी के थ्रू पास दे दिहल गइल.

घटना का बाद खिसियाइल लोग जम के बवाल काटल. ट्रेन के एगो बोगी में आग लगा दिहल गइल बा आ टीसन पर मौजूद रेल कर्मचारियन के बन्हक बना लिहले बावे. अबही ले बचाव ट्रेन नइखे चहुँपल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..