यूपी में ग्रुप सी डी में बहाली खातिर अधिकतम उमिर तीस का बदला चालीस साल हो गइल
-

उत्तरप्रदेश के बेसिक शिक्षा परिषद से सहायता लेबे वाला स्कूलन में ग्रेड तीन आ ग्रेड चार के बहाली में अब चालीस साल तक ले के अभ्यर्थी शामिल हो सकीहें, पहिले ई सीमा तीसे साल के रहुवे बाकिर अब दस साल बढ़ा दिहल गइल बा.
एगो दोसरा फैसला में कैबिनेट तय कइले बिया कि अब से लोक सेवा आयोग के बहाली में अधिकतम उमिर में पाँच साल के छूट दिहल जाई. एह छूट के फायदा सरकारी कर्मचारियन के मिली जे मौजूदा पद से उपर के पद पर बहाल होखल चाहत बाड़ें.
संविदा पर बहाल कर्मचारियन के अब ओह पद के सरकारी वेतन आ ग्रेड पे दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts