अयोध्या के चौरासी कोसी यात्रा करे पर अड़ल विहिप

यूपी सरकार के मना कइला का बावजूद विहिप चौरासी कोसी परिक्रमा निकाले पर अड़ल बिया आ सपा सरकार एह मामिला में अझूरात लउकत बिया. विहिप के कार्यक्रम के आरएसएस आ भाजपा समर्थन देले बाड़ी सँ त शिवपाल सिंह आ आजम खाँ एह परिक्रमा पर रोक लगवला के जायज बतवले बाड़न. बसपा आ कांग्रेस एह मामिला में सपा के साथ खड़ा बाड़ी सँ. बाकिर चूंकि एह मुद्दा से राज्य में सांप्रदायिक ध्रुवीकरण के अनेसा बनल बा से सपा के राजनीतिक नुकसान हो सकेला. हालांकि जवना तरह से सपा खुलेआम अपना मुस्लिम वोट खातिर लागल बिया ओहसे इहो कहल जा सकेला कि सब कुछ जानत बूझत सपा सरकार एह तरह के फैसला लिहले बिया.

एक तरफ विहिप के धार्मिक कार्यक्रम पर रोक लगवलसि त दोसरा तरफ सपा सरकार एलान कइले बिया कि अबसे सरकारी योजना में कम से कम बीस फीसदी अल्पसंख्यकन के लाभ दिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।