बलिया में आजु महाबीरी झंडा

साल १९१० में शुरू भइल महाबीरी झंडा के कार्यक्रम आजु बलिया में होखे वाला बा. हर साल रक्षाबंधन का दिने निकले वाला एह जुलूस में शहर के नौ गो अखाड़ा शामिल होलें. आजु पुलिस प्रशासन एह जुलुस के सही सलामत निकले देबे खातिर पूरा तइयारी कइले बिया. बिसुनीपुर मस्जिद का लगे सुरक्षा व्यवस्था पूरा कड़ा बा. हर साल का तरह मस्जिद के चारो तरफ बल्ली गाड़ के घेराबंदी कर लिहल गइल बा. हर अखाड़ा के जुलूस का साथे पर्याप्त संख्या में पुलिस के जवान लागल रहीहें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।