रवि किशन के फौलाद बना दिहले फिरोज खान

रउरा सोचत होखब कि हम अपना जमाना के मशहूर अभिनेता फिरोज खान के बाति करत बानी बाकिर असल में हम भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल कैमरा मैन फिरोज खान के बाति करत बानी जे संजय राय के लिखल कहानी पर रजनीश गुप्ता के बनावल भोजपुरी फिल्म “फौलाद” से निर्देशन करे के शुरुआत कर रहल बाड़न. आ पहिलके फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन के ऊ “फौलाद” का रुप में पेश करे जा रहल बाड़न. साथ में बाड़ी नवोदित अभिनेत्री अंजना सिंह. बाकी कलाकारन में सुशील सिंह, अवधेश मिश्राम बृजेश त्रिपाठी, प्रकाश जैस, माया यादव, किरन यादव वगैरह लोग शामिल बा. पिछला दिने एह फिल्म के मुहुर्त इन्दु सोनाली का आवाज में आ राजेश रजनीश के संगीत निर्देशन में रिकार्ड करा के कइल गइल. एह मौका पर भोजपुरी सिनेमा जगत के गणमान्य लोग मौजूद रहुवे. बतावल जा रहल बा कि फिल्म के शूटिंग मार्च में शुरु कइल जाई.
रविकिशन भोजपुरी सिनेमा जगत के अइसन कलाकार हउवन जिनका लगे हिन्दी फिल्म, टीवी शो, विज्ञापन फिल्म, दोसरा भाषा के फिल्म वगैरह के भरमार बा. कहल जाला कि रविकिशन पर सिनेमा जगत के डेढ़ सौ करोड़ रुपिया लागल बा. उनका लगे दू दर्जन से बेसी निर्माणाधीन भोजपुरी फिल्म बाड़ी सँ. कुछ पर काम चालू बा कुछ पर होखे वाला बा.

अतना व्यस्तता का बावजूद रवि किशन अब फिल्म निर्माणो के काम शुरु करे जा रहल बाड़न. पिछला दिने ऊ दू गो फिल्म के घोषणा कइले जवना के नाम बा “कइसन पियवा के चरित्तर बा” आ “शूटर शुक्ला”. पहिलका फिल्म “कंइसन पियवा के चरित्तर बा” के निर्देशन मशहूर लेखक संतोष मिश्रा करीहें जिनकर ई पहिलका निर्देशित फिल्म होखी. फिल्म के मुख्य नायक रविकिशन खुद बाड़न आ संगीत निर्देशन मधुकर आनन्द के बा.
“शूटर शुक्ला” के निर्देशन राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता आनन्द डी॰ गहतराज करीहें. संगीत राज सेन के रही. कहानी संतोष मिश्रा के लिखल बा. दुनु फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से शुरु होखे जा रहल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *