सोनभद्र का रायपुर में ठनका गिरला से महतारी बेटी झँउसइली

शुक का उपरी बेरा सोनभद्र जिला के रायपुर इलाका के कम्हरिया गांव में ठनका गिरला से गाँवे के महतारी बेटी झँउसा गइली . दुनु रोपनी कर के घरे लवटत रहली सँ जब बरखा शुरु हो गइल आ ओही बीच आसमान से कड़कत ठनका गिरल जवना का आँच से दुनु जनी झँउसा गइली.

0 Comments

Recent Posts