लोकसभा से फूड सेक्युरिटी बिल पास भइल

आपन चुनावी हँड़िया चढ़ावत कांग्रेस नीत यूपीए सरकार लोकसभा से फूड सेक्युरिटी बिल आखिरकार पास करवाइए लिहलसि. एह बिल के पास भइला से होखेवाला समस्या के एकदमे अनदेखी करत सोनिया साफे कह दिहली कि एह कानून के लागू करावे लायक संसाधन भा बेंवत देश का लगे होखो भा ना होखो कानून हर हाल में पास आ लागु करावल जाई.
बिल पास होखला के देरी रहल कि रुपिया आ शेयर बाजार दुनु भरभराए लागल आ आजु रुपिया के दाम अतना गिर गइल आजु एक डालर के दाम उनहत्तरो रुपिया से अधिका हो गइल, शेयर बाजार सूचकांक अठारह हजार का नीचे आ सोना चौंतीस हजार रुपिया हर दस ग्राम से उपर चल गइल बाकिर सरकार के चेहरा पर चिंता के कवनो रेखा नइखे लउकत.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *