लोकसभा से फूड सेक्युरिटी बिल पास भइल

आपन चुनावी हँड़िया चढ़ावत कांग्रेस नीत यूपीए सरकार लोकसभा से फूड सेक्युरिटी बिल आखिरकार पास करवाइए लिहलसि. एह बिल के पास भइला से होखेवाला समस्या के एकदमे अनदेखी करत सोनिया साफे कह दिहली कि एह कानून के लागू करावे लायक संसाधन भा बेंवत देश का लगे होखो भा ना होखो कानून हर हाल में पास आ लागु करावल जाई.
बिल पास होखला के देरी रहल कि रुपिया आ शेयर बाजार दुनु भरभराए लागल आ आजु रुपिया के दाम अतना गिर गइल आजु एक डालर के दाम उनहत्तरो रुपिया से अधिका हो गइल, शेयर बाजार सूचकांक अठारह हजार का नीचे आ सोना चौंतीस हजार रुपिया हर दस ग्राम से उपर चल गइल बाकिर सरकार के चेहरा पर चिंता के कवनो रेखा नइखे लउकत.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।