सिवान में कांग्रेस नेता रिजवान खान के गोली मार के हत्या

सिवान जिला के एनएच नगर थाना के कुतुबछपरा गांव के नियरा आजु दिन दहाड़े सिमरी गाँव के रहे वाला कांग्रेसी नेता रिजवान खान के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
पुलिस बतावत बिया कि रिजवान खान मोटरसाइकिल से शहर जात रहले तबहिए दू गो मोटर साइकिल पर सवार चार गो अपराधी कुतुबछपरा गांव का नियरा उनुका के गोली मार दिहलें. रिजवान खाँ के मौत ओहिजे हो गइल.
गोली मार के अपराधी भाग निकलले. बाद में गाँव वालन से सुचना मिलला का बाद पुलिस मौकाएवारदात पर चहुँपल आ लाश ले गइल.
एह घटना का बाद लोग सड़क जाम कर दिहले रहुवे बाकिर औह लोग के समुझा बुझा के पुलिस जाम हटवा दिहलसि.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।