परेश रावल करीहें नरेन्द्र मोदी के किरदार
-

बॉलीवुड मे अपना संजीदा अभिनय खातिर जानल जाए वाला परेश रावल एगो फिलिम में गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के किरदार करे वाला बाड़े.
एह फिलिम के निर्माता हउवे मितेश पटेल.
परेश रावल के उम्मीद बा कि ऊ नरेन्द्र मोदी के भूमिका इमानदारी से कर लीहें. कहलनकि मोदी से एकर अनुमति ले लीहल गइल बा.
बतावल जाता कि एह फिलिम में नरेन्द्र मोदी के कॉमन मैन से मुख्यमंत्री तक चहुँपे के कहानी देखावल जाई बाकिर मितेश पटेल के कहना बा कि ई वृतचित्र ना होके फीचर फिलिम होखी.
फिलिम के नाम अबही तय नइखे भइल.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts