परेश रावल करीहें नरेन्द्र मोदी के किरदार

बॉलीवुड मे अपना संजीदा अभिनय खातिर जानल जाए वाला परेश रावल एगो फिलिम में गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के किरदार करे वाला बाड़े.
एह फिलिम के निर्माता हउवे मितेश पटेल.
परेश रावल के उम्मीद बा कि ऊ नरेन्द्र मोदी के भूमिका इमानदारी से कर लीहें. कहलनकि मोदी से एकर अनुमति ले लीहल गइल बा.
बतावल जाता कि एह फिलिम में नरेन्द्र मोदी के कॉमन मैन से मुख्यमंत्री तक चहुँपे के कहानी देखावल जाई बाकिर मितेश पटेल के कहना बा कि ई वृतचित्र ना होके फीचर फिलिम होखी.
फिलिम के नाम अबही तय नइखे भइल.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।