टटका खबर, 03 अक्टूबर 2014, शुक

बिहार आ यूपी के खबर –

  • पटना गाँधी मैदान मे॓ रावण के पुतला जरवला का बाद कुछ लोग बिजली के तार टूट के गिरे के अफवाह उड‌़ा दिहल जवना से मचल भगदड़ मे॓ ३३ आदमी के जान चल गइल आ पचास लोग घवाहिल हो गइल. सरकार सभका परिवालन के तीन तीन लाख मुआविजा के ऐलान कइले बिया. विपक्ष एह घटना ला बिहार सरकार के लापरवाही के दोषी बतावत बा.
  • पीएम नरेन्द्र मोदी रेडियो से अपना मन के बात देश के जनता से बतियवलन जवना के सगरी रेडियो स्टेशन से सुनावल गइल.
  • पहिला बेर आरएसएस के कवनो कार्यक्रम के लाइव प्रसारण दुरदर्शन प भइल जवना मे॓ संघचालक मोहन भागवत के विजया दशमी का दिने दिहले उद्बोधन देखावल गइल.
  • विजयादशमी के छुट्टी का चलते बहुते कम खबर आइल बा आजु. हमहू एगो श्राद्ध मे॓ आइल बानी जवना चलते पूरा समय दिहल संभव नइखे.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में.


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।