सीमा डिस्कस थ्रो में रजत जीतली, नवजीत कांस्य


गोल्ड कोस्ट, 12 अप्रैल (वार्ता). बियफे का दिने डिस्कस थ्रोअर सीमा पूनिया आ नवजीत ढिल्लों 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के एथलेटिक्स मुकाबला में भारत के पदक इंतज़ार खतम करत रजत आ कांस्य पदक जीतल लोग.
गोल्ड कोस्ट में एथलेटिक्स में भारत के मिले वाला ई पहिला पदक हउवें सँ. पिछला ग्लास्गो खेलन में एथलेटिक्स में भारत एकहेक गो स्वर्ण, रजत आ कांस्य पदक जीतले रहुवे. अबकी स्वर्ण पदक जीते से रहि गइल भारत.
डिस्कस थ्रो में सीमा 60.41 मीटर डिस्कस फेंक के रजत पदक जीतली जबकि नवजीत 57.43 मीटर फेंक के कांस्य पदक. स्वर्ण पदक आस्ट्रेलिया के डैनी स्टीवंस के मिलल जो 68.26 मीटर के नया खेल रिकार्ड बनवली.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।