महिला टीम सेमीफाइनल हार के आजु कांस्य ला इंग्लैंड से मुकाबला करी


गोल्ड कोस्ट, 12 अप्रैल (वार्ता). भारतीय महिला टीम के कई एक नीमन नीमन मौका गँववला के खामियाजा गत तीन बेर के चैंपियन आस्ट्रेलिया से 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के हॉकी प्रतियोगिता के सेमीफाइनल में बियफे का दिने 0-1 गोल से हार के भुगते पड़ल.
एह हार का साथही 12 बरीस बाद एह खेल के फाइनल में चहुँपे के सपना टूट गइल. अब फाइनल में आस्ट्रेलिया आ न्यूजीलैंड खेलीहें आ भारत के महिला ह़ाकी टीम कांस्य पदक जाते खातिर शुक का दिने इंग्लैंड से मुकाबला करी.

0 Comments

Recent Posts