Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, अतवार, चईत अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

ना चाहतो बतावहीं के बा कि देश में कोरोना के पसार में आईल तेजी थथमे के नाम नइखे लेत. काल्हु शनीचर का दिने देश में कोरोना के 2 लाख 34 हजार 692 नया मरीज मिलला का साथही छूताह हो गइल लोगन के गिनिती 1 करोड़ 45 लाख 26 हजार 609 हो गइल. तोस के बाति ई बा कि एहमें से 1 करोड़ 26 लाख 71 हजार 220 लोग एह छूत से छूटियो चुकल बा. दुख के बाति बा कि अबले देश में 1 लाख 75 हजार 640 लोग एह बीमारी से मर चुकल बाड़ें. बेपरवाह लोग का गलत बेवहार से एह पर काबू नइखे मिल पावत. अपना चलते लोग अपना परिवार आ समाजो के खतरा में डाल रहल बा. प्रधान मंत्री नरेन्द्र मोदी के गोहार पर कुम्भ के समापन के एलान करे वाला अखाड़न में तेजी आइल बा. सरकार देश के पूरा संसाधन लगा के कोरोना वैक्सिन के उत्पादन चरम भर करे के गोहारो लगवले बाड़न. देश के विरोधी लोग अइसनो हालात में अराजकता पैदा करे का कोशिश में लागल बा. केहू अपना राज्य में बनल दवाई के देश का दोसरा राज्यन में जाए से रोकत बा त कुछ लोग जान-बूझ के कोरोना वैक्सिन लगवावे के उमिर घटवावे के बयाल देत बा. उनुको मालूम बा कि अबहीं टीका ओतना नइखे बन पावत जवना से एकर इजाजत दीहल जा सको. देश के अतना बड़हन आबादी के सम्हारल आसान नइखे बाकिर जनसंख्या बढ़े से रोके के कोशिश नइखे होखत. कुछ कौम त सब काम छोड़ि के आपन कुनबा बढ़ावे में लागल बाड़ें. कमाए के साधन होखो भा ना जनमावे के जोर कम नइखे पड़त उनुकर.
आजु पूरा यूपी ल़कडाउन में बा. सोमार भोरे ले सभका के बाहर निकले से मना कइल गइल बा जबले बहुते जरुरी ना हो जाय.
बिहार में सेना बहाली ला होखे वाला कॉमन एंट्रेंस परीक्षा रद्द कर दीहल गइल बा. आ 25 अप्रैल से दानापुर, रांची, कटिहार, आ मुजफ्फरपुर में शुरु होख वाला सेना भर्ती प्रक्रिया टार दीहल गइल बा,

देश के न्यायालयन के काम काज कई बेर मन में सवाल उठा देला, बहुते गरीब कैदी आपन सजा काट लिहला का बादो जेल से रिहा नइखन हो पावत काहे कि उनुकर औकात नइखे कपिल सिबल जइसन वकील खड़ा करे के. अरबों के घोटाला करे वाला कुछ लाख जुरमाना में दे के आ मिलल सजाय के अधवे काटि के जमानत पा लेत बाड़ें. बिहार में चारा चोर का नाम से मशहूर हो चुकल लालू प्रसाद के काल्हु झारखंड उच्च न्यायालय से जमानत मिल गइल. मिलल त जमानत बाकिर लगुआ-भगुआ अइसन जश्न मनावत बाड़ें मानो उनुका के बाइज्जत बरी क दीहल गइल होखे. जेल में होखला का बावजूद सात सितारा इलाज के सुविधा पवले लालू अबहीं दिल्ली एम्स में इलाज करा रहल बाड़ें आ अबहीं ओहिजा से छुट्टी मिले के कवनो उमेद नइखे. परिवार इहो कहत बा कि लालू के एगो बेटी के रोजा रखला का चलते अल्लाह उनुका के नेमत ते दिहलें. आशा कइल जाव का कि परिवार अब बाकायदा मजहब में शामिल हो जाई.

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनावन के पांचवा डेग काल्हु सकुशल उठ गइल. कुछ जगहा भइल छिटपुट हिंसा का बावजूद करीब 80 प्रतिशत लोग अपना मतदान के अधिकार के इस्तेमाल कइल. उत्तर 24 परगना जिला के कमारहाटी विधानसभा निर्वाचन क्षेत्र में एगो बूथ पर भारतीय जनता पार्टी के पोलिंग एजेंट दिल के दौरा पड़ला का चलते मर गइल. साल्ट लेक के विधाननगर के शांतिनगर में तृणमूल कांग्रेस आ भाजपा के कार्यकर्तन में ढेलाढाली भइल. नादिया के शांतिपुरो में बवाल पर केन्द्रीय बल काबू क लिहलें. कल्याणी में भाजपा नेता के घर पर बम फेंकल गइल आ दक्षिण वर्द्धमान में भाजपा के पोलिंग एजेंट से मारपीट कइल गइल.

हिंदी के वरिष्ठ साहित्यकार नरेंद्र कोहली के निधन कोरोना छूताह होखला का चलते शनीचर का दिने हो गइल.

भगवान राम के नगरी अयोध्या में साधु संत अपील कइले बाड़ें ति अबकी के रामनवमी लोगबाग अपना घरहीं मना लेव आ मंदिरन पर भीड़ मत लगावे.

सारण जिला के मशरक इलाका के कतालपुर गांव के एगो नवही दिशा मैदान ला निकलला का बाद देर ले ना लवटल त ओकर खोज शुरु भइल आ बाद में ओकर लाश नहर में मिलल.

छपरा जंक्शन से शनिचर का दिने रेल पुलिस पूर्वी चंपारण जिला के अररिया इलाका के एगो आदमी के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा पर जहारखुरान होखे के शक बा. ओकरा लगे से पुलिस नशीला दवा बरामद कइले बिया.

ओलम्पिक कोटा हासिल क चुकल पहलवान रवि कुमार कजाकिस्तान के अल्माटी में चलत सीनियर एशियाई कुश्ती प्रतियोगिता में शनीचर का दिने स्वर्ण पदक जीत लिहलें. दोसर पहलवान फाइनल में खेले ना उतरलें त रजत पदक हासिल क के रहि गइलें. एह लोग का अलावा भारत तीन गो कांस्य पदक जीतलसि. एह तरह एह प्रतियोगिता में शामिल सगरी पहलवान कवनो ना कवनो पदक हासिल क लिहलें.

0 Comments

Submit a Comment