Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, बुध, वैशाख पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

1985 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी सुबोध कुमार जायसवाल के काल्हु केंद्रीय जांच ब्यूरो के निदेशक बना दीहल गइल. कुछ दिन पहिले प्रधानमंत्री, मुख्य न्यायाधीश, आ प्रमुख विरोधी दल के नेता से बनल चयन समिति तीन गो नाम सुझवले रहुवे जवना में जायसवाल के नाम शामिल रहुवे. ओकरा बाद कार्मिक, जन शिकायत अउर पेंशन मंत्रालय के कार्मिक आ प्रशिक्षण विभाग काल्हु देर शाम अधिसूचना जारी क के बतवलसि कि नियुक्ति करे वाली मंत्रिमंडलीय समिति महाराष्ट्र कैडर के आईपीएस अधिकारी सुबोध किमार जायसवाल के सीबीआई निदेशक नियुक्त करे के मंजूरी दे दीहले बिया. जान जाईं कि जायसवाल हाल-फिलहाल सीअीईएसएफ के महानिदेशक रहलन आ ऊ मुंबई के पुलिस आयुक्त, महाराष्ट्र के पुलिस महानिदेशक रह चुकला का साथ ही खुफिया ब्यूरो आ रिसर्च एनालिसिस विंग में ढेर दिन ले रह चुकल बाड़ें.

पश्चिम बंगाल में चुनाव बाद हिंसा से पीड़ित परिवारन के पलायन रोके, प्रभावित लोगन के मुआवजा दिआवे, आ ओह लोग के पुनर्वास करावे वाली जनहित याचिका के सकारत सुप्रीम कोर्ट केंद्र आ राज्य सरकार के नोटिस जारी कर दिहलसि. मामिला के सुनवाई ओह लोग के हलफनामा मिलला का बाद सात जून से कइल जाई. याचिका दाखिल करे वालन के दलील सुनला का बाद सुप्रीम कोर्ट एह मामिला में राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग, राष्ट्रीय महिला आयोग, राष्ट्रीय अनुसूचित जाति/जनजाति आयोग आ राष्ट्रीय बाल अधिकार संरक्षण आयोग के पक्षकार बनावे के निर्देशो दिहलसि.

देश में चल रहल खानदानी राजनीति वाली परम्परा के आगे बढ़ावत लोकतांत्रिक नौटंकी के चादर ओढ़ा के रालोद के अध्यक्ष पद पर हालही में मरल चौधरी अजीत सिंह के बेटा जयन्त चौधरी के चुन लीहल गइल. जान जाईं कि देश में भाजपा आ बँवारा गोलन का अलावे हर राजनीतिक गोल बाप के मरला पर बेटा भा बेटी के राजा बनावे के लाइन पर चलेला. एगो छोटहन अपवाद अबहीं आआपा के बा आ ओकरो लक्षण बतावत बा कि उहो केजरीवाल के ताजिन्दगी आपन मालिक बनवले राखी.

लक्षद्वीप में गोमांस पर रोक लगवला से नाराज हो गइल बाड़ी प्रियंका बबुनी. कहत बाड़ी कि लक्षद्वीप प्रशासक के जल्द से जल्द हटावल जाव. याद करीं कि उनकर भाईयो केरल में गोमांस भोज करे वालन के साथे बाड़न. बेबुनियाद टिप्पणी टीपे में एह भाई बहिन के कवनो मुकाबला नइखे देश में. कांग्रेसी राज्यन में बिजली बिल में कवनो राहत ना दीहें बाकिर यूपी में बिजली बिल माफ चाहीं.

ब्रिटेन के लीसेस्टर में एगो इजरायली स्वामित्व वाली आयुध फैक्टरी का छत पर छह दिन से प्रदर्शन करत दू गो फिलीस्तीनियन के आखिरकार गिरफ्तार कइला का बाद फिलिस्तीनी अब एगो दोसरा इजरायली फैक्टरी पर कब्जा क लिहले बाड़े सँ.

प्रसिद्ध हॉकी खिलाड़ी आ ओलंपियन बलबीर सिंह सीनियर के पुण्यतिथि का मौका पर काल्हु मोहाली के हॉकी स्टेडियम के नाम उनुका नाम पर करे के एलान कइलन पंजाब सरकार के खेल मंत्री राणा गुरमीत सिंह सोढी. जाने जोग बा कि बलबीर सिंह सीनियर तीन बेर ओलम्पिक चैंपियन बने वाली भारतीय हॉकी टीम में अहम भूमिका निभवले रहलन. 1952 के ओलम्पिक हॉकी फाइनल में ऊ पाँच गो गोल मरले रहलन.

देश के दिग्गज कंपनियन के शेयरन में मुनाफा वसूली का चलते काल्हु सेंसेक्स मामूली गिरावट का साथ बाकिर निफ्टी मामूली बढ़त का साथे बन्द भइल. कोरोना मरीजन के संख्या में आवत कमी का चलते निवेशक उछाह में रहलें आ दिन के शुरुआत में बढ़िया तेजी देखे के मिलल रहे. बाद में मुनाफा वसूली का चलते गिरावट देखे के मिलल. आजु विदेशी बाजारन से मिलत संकेत देखत अंदाज लगावल जात बा कि शुरुआत सपाट रही आ सीमित दायरा में कारोबार होखी.

कौशांबी के करारी इलाका में काल्हु मीरापुर गाँव के एगो औरत के ओकर मरद कुदारी से वार करत ओकर हत्या कर दिहलसि आ फरार हो गइल बा.

सीवान के भगवानपुर हाट इलाका में काल्हु भइल सड़क हादसा में सारण जिला के मशरक इलाका के एगो बाइक सवार के मौत हो गइल आ पीछे बइठल उऩकर भाई घवाहिल हो गइल बाड़ें. हादसा का बाद ट्रक चालक ट्रक ले के भाग निकलल.

सारण के मांझी इलाका के माड़ीपुर खुर्द गाँन के एगो औरत फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.

जौनपुर के लमहन गांव का लगे 14 मई का दिने भइल पेट्रोल पम्प लूटकांड के खुलासा करत काल्हु पुलिस एगो आरोपी के असलहा समेत गिरफ्तार क लिहलसि.

सारण के दाउदपुर इलाका में बरवां गाँन से रकम के लेन-देल क के एकमा कार्यालय जात में एगो निजी कंपनी के एजेन्ट से करीब नब्बे हजार लूट लिहले सँ दू गो मोटरसाइकिलन पर सवार लुटेरा.

सारण के मशरक इलाका के क्रण कुदरिया गाँव में दू गो फरीकन का बीच जमीन का झगड़ा में सात जने घवाहिल हो गइलें.

मिर्जापुर के चुनार इलाका के पचराव गाँव का नियरा काल्हु सबेरे एगो पिकप गाड़ी सड़क किनारे के पेड़ से टकरा गइल. एह हादसा में चालक के मौत ठाँवे पर हो गइल.

सारण के डोरीगंज इलाका के सबलुपर गाँव के एगो नवही बाइक चालक के एगो ते रफ्तार ट्रक कचारत भाग गइल. बाइक सवार आ पीछे बइठल ओकर मामा गभीराह घवाहिल हो गइलें. अस्पताल चहुँपवला पर डाक्टर मामा के मरल बता दिहलें. भगीना के इलाज हो रहल बा.

सारण के तरैया इलाका के चंद्रपुर गाँव के चार गो आदमी के जमीन का झगड़ा का चलते भइल गोलीबारी में घवाहिल हो गइलें जबकि एगो बूढ़ के मौत हो गइल.

जौनपुर के गौराबादशाहपुर इलाका के धर्मापुर गांव के एगो नवही के मौत बिजली के करंट से हो गइल.

पलामू के मनातू इलाका में सेमरी गाँव का लगे भइल एगो सड़क हादसा में पाटन इलाका के बाराती ले के जात ऑटो रिक्शा पर सवार दू जने के मौत हो गइल बा. एगो अउऱ सवार घवाहिल बा.

रोहतास के भानस चौकी इलाका के कटियारा गाँव में तिलक समारोह में भइल हर्ष फायरिंग में दू जने घवाहिल हो गइलें. बाद में अस्पताल में एगो घवाहिल के मौत हो गइल.

रोहतास के राजपुर इलाका के वलिगाँव गाँव में घरे आइल एगो सीआरपीएफ जवान के गोली मारके हत्या क दीहल गइल.

सारण के जलालपुर इलाका के कोठेयां गाँव के एगो बूढ़ के काल्हू गरदल रेत के जान ले लीहल गइल बा. हत्यारन के पता नइखे चलल काहे कि हत्या के पता बहुते देर बाद लागल जब दिशा मैदान खातिर निकलल बूढ़ देर ले घरे ना लवटलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *