सोनिया राहुल के बरोबरी में आ गइलन अरविन्द केजरीवाल

फोटो स्रोत : https://twitter.com/RPsingh125/status/1768861751859384444

दिल्ली केे मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल आजु कांग्रेेस केे अध्यक्षा रहल सोनिया गाधी आ अध्यक्ष रह चुकल राहुल गाँधी का बरोबरी मेें आ गइलन. काहेे कि अब उहो ओह नेतवन मेें शामिल हो गइलन जे जमानत पर चलत होखेे. हालांकि अबहीं लालू का बरोबरी आवेे मेें उनुका देर लागी काहेे कि ऊ लालू के बरोबरी कइल नइखन चाहत.

प्रवर्तन निदेेशालय अरविन्द केजरीवाल केे आठ बेर समन कर चुकल बा बाकिर हर बेर कवनो ना कवनो बहाना बना के केजरीवाल ओकरा सोझा जाए सेे मना कर देत बाड़न. एकरा बाद ईडी उनुका खिलाफ शिकायत ले केे अदालत चहुँपल कि केजरीवाल का खिलाफ एह मामिला में कार्रवाई कइल जाव.

ओहिजो केजरीवाल अपना खेला सेे बाज नइखन आवत. बाकिर हार थाक के आजु उनुका अदालत मेें पेेश होखहीं केे पड़ल. अदालत सेे उनुका राहत नइखे मिलल कि ऊ ईडी के समन मत मानसु आ उनुका अब ईडी का सोझा जाहीं केे पड़ी. बाकिर तत्काल समन केे ना मानेे वाला केेस मेें अदालत अरविन्द केेजरीवाल के 15 हजार रुपिया केे बेेलबाण्ड आ एक लाख रुपिया केे जमानत पर कोर्ट सेे बाहर जाए के इजाजत दे दिहलसि.

दिल्ली सरकार केे भारी भरकम विज्ञापन केे कमाई पर पोसाइल मीडिया एह खबर केे एह तरह से पेेश कइले बा जइसेे कि केेजरीवाल केे शराब घोटाला केेस मेें जमानत मिल गइल. जमानत उनुका शराब घोटाला केेस मेें ना मिल के समन पर गैर हाजिर रहला का चलतेे बनल केस मेें मिलल बा. एहू केस मेें केेजरीवाल केे गिरफ्तारी हो सकत रहुवे बाकिर चूकि समन पर गैरहाजिर रहेे केे अपराध मेें मिलेेवली सजा बहुतेे कम समय के होला आ एह मामिला मेे जमानत दीहल जा सकेला इहे मानत अदालत अरविन्द केजरीवाल के जमानत दे दिहलसि.

बाकिर केजरीवाल का मूड़ी पर सेे गिरफ्तारी के तलवार हटल नइखेे. ऊ केस अलगा बा आ ओह मामिला में जमानत नइखे मिलल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।