भठियरपन का खिलाफ होखत कार्रवाई के विरोध में आजु दिल्ली में जनसभा

Source : screengrab from a video on youtube.com

कबो दिल्ली के जवना रामलीला मैदान सेे अन्ना हजारे केे कवच लेके अरविन्द केजरीवाल भठियरपन का खिलाफ आन्दोलन के शुरुआत कइले रहलन आजु ओही रामलीला मैदान सेे राम के विरोध करे वाला इण्डी गठबन्हन के 28 गो गोल मिल के रैली करेे वाला बाड़न. अठाइसो दल मिल के एह मैदान में नाहियो त बीस हजार लोग के बड़हन भीड़ इकट्ठा करे वाला बाड़े. बाकिर जब कुछ देर पहिले रामलीला मैदान के वीडियो टाइम्स नाऊ का चैनल पर देखनी त करीब सौ फीसदी भीड़ आपियनेे के लउकल. दोसरा कवनो गोल के झण्डा ओह भीड़ में ना लउकल.

कमाल के बात बा कि जवन केजरीवाल आ जेकर आ.आ.पा गोल कांग्रेेस के जड़ में मट्ठा डललसि आ पूरा देश में कांग्रेेस के छवि एगो भठियारा गिरोह वाला बना दिहलसि ओही केजरीवाल के समर्थन में कांग्रेसो उतर आइल बिया. विपक्षी एका खातिर कांग्रेस के एह बलिदान के इज्जत करे के चाहीं सगरी विपक्षी गोलन केे. केजरीवाल के समर्थन करे खातिर कांग्रेेस का सोझा एगो सबले बड़का कारण त ई हो सकेला कि पूरा देश में तमिलनाडु छोड़ कवनो राज्य मेें काग्रेस के सम्मानजनक सीट ना मिलल. सीट त केजरीवाल कांग्रेेस के पंजाबो मेें ना दिहलन बाकिर दिल्ली में सात गो में से तीन गो पर काग्रेेस केे आपन उमीदवार उतारे के इजाजत दे दिहलन आ एह कृतज्ञता बोझ से दबाइल कांग्रेस बेबस हो गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..