दिलजले के शूटिंग शुरु

पिछला तीन साल से लगातार ब्लाक बस्टर फिल्म दे रहल निर्माता निर्देशक रामाकान्त प्रसाद के नयकी फिल्म “दिलजले” के शूटिंग पिछला दिने मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में शुरु भइल. कुमारी माई मूवीज आ आदिशक्ति इंटरटेनमेंट का बैनर में बनत एह फिल्म में दिनेशलाल यादव आ विराज भट्ट के सफल जोड़ी एक बेर फेर देखे के मिली.

रोमांटिक लव स्टोरी आ एक्शन पर आधारित एह फिल्म के गाना अशोक कुमार दीप आ प्यारे लाल यादव कवि के आ संगीत अशोक कुमार दीप के बा. कलाकारन में दिनेश लाल निरहुआ, विराज भट्ट, रानी चटर्जी, स्वाति वर्मा, आनन्द मोहन, संतोष श्रीवास्तव, रितु पाण्डे, सीमा सिंह, गोलू, आ संजय पांडे के खास किरदार बा.

रामाकान्त प्रसाद, निरहुआ, आ विराज भट्ट के तिकड़ी बाक्स आफिस पर “लागल रहऽ ए राजाजी, दिवाना”, आ “दाग” जइसन ब्लाकबस्टर फिल्म दे चुकल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।