माई प्राइड आफ भोजपुरी बनल बेस्ट भोजपुरी फिलिम

भोजपुरी फिलिमन के पी आर ओ से शुरुआत करत वितरक आ अब निर्माता बन चुकल निशान्त उज्जवल के फिलिम “माई प्राइड आफ भोजपुरी” के दादा साहब फिल्म फाउन्डेशन का तरफ से बेस्ट भोजपुरी फिलिम के एकरा निर्देशक रजनीश मिश्रा के बेस्ट निर्देशक के सम्मान से सम्मानित कइल गइल बा.

एह बात के जानकारी निशान्त उज्जवल के फेसबुक पेज पर साझा कइल गइल बा. निशान्त लिखले बाड़न कि ऊ एह सम्मान से अभिभूत बाड़न आ अपना पूरा टीम के एकर हकदार बतवले बाड़न खास कर के अपना निरहुआ भईया, सुपरस्टार दोस्त आम्रपाली दूबे, अनंजय रघुराज सिंह, अवधेश मिश्रा, किरण यादव, अमित शुक्ला, जनार्दन पाण्डेय, आ अभय सिंह भईया के.

बधाई निशान्त ! बाकिर हमार एगो सवाल – फिलिम के नाम भोजपुरी में काहे ना रखलऽ ?

आ रउरा सभे देखीं फिलिम –

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।