– टीम अंजोरिया
#एक्सप्रेशन #x.com #मुस्लिम-हॉस्टल
मुस्लिम हॉस्टल इस्तीफा आ सूफी गाना
MUSLIM HOSTEL, JUDGE RESIGNS, AND SUFI SONG
पिछला 8 अप्रैल का दिने उत्तर प्रदेश पुलिस अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के सर जियाउद्दीन हॉल मे छापा मार के पांच गो पिस्तौल के कारतूस, खाली कारतूस, शॉटगन कारतूस, आठ गो फोन, एगो लैपटॉप, बहुते तरह के फर्जी सर्टिफिकेट्स, आ जाली करेंसी बरामद कइलसि। मुख्य संदिग्द्ध शेवाज उर्फ शाहवाज फरार बतावल जात बा.
BREAKING
UP Police Raid Aligarh Muslim University Hostel Room & seized pistol bullets, four 12-bore cartridges, fake currency, 8 mobile phones, empty magazines, forged certificates, laptop & digital devices from Sir Ziauddin Hall.
Accused: Shevaazpic.twitter.com/j2wXRYLZuG
— Frontalforce 🇮🇳 (@FrontalForce) April 10, 2026
इलाहाबाद उच्च न्यायालय में पदस्थ जज यशवन्त वर्मा आखिरकार 9 अप्रैल 2026 के आपन त्यागपत्र दे दिहलन। एकरा पीछे कवनो नैतिक कारण ना होके आपन पेंशन आ परवर्ती लाभ बचवले राखे के कोशिश बावे। इनका पर संसद में महाभियोग पर जाॅच चल रहल बा। अगर महाभियोग से जइहन त कुछऊ ना भेंटाई। एह महान जज का आवास से बोरा भरल नोट जरल हालत में मिलल रहुवे बाकिर ना त नोट जब्त भइल ना इनका पर कवनो प्राथमिकी दर्ज भइल काहे कि ई जज रहलन दिल्ली उच्च न्यायालय के। आ जजन का खिलाफ मुकदमा ना हो सके।
Unbelievable! Justice Yashwant Varma resigns on the VERY DAY he was to defend against impeachment process in “cash-at-home” case.
He gets a dignified exit! Faces no action unless CJI orders FIR. So far no FIR (bcos of impeachment!).
No, no excuses. https://t.co/dKdP1nZlfk
— Shiv Aroor (@ShivAroor) April 10, 2026
शिवलिंग पर कंडोम चढ़ावल फोटो साल 2015 में ट्वीटर पर सायोनी घोष के अकाउन्ट पर जारी भइल रहल। बाद में सायोनी कहली कि उनकर ट्वीटर हैक क के ई पोस्ट डालल गइल रहुवे. उहे तृणमूल सांसद सायोनी घोष अब फेरू चरचा में आ गइल बाड़ी। अबकी अपना इस्लाम से मुहब्बत खातिर। पिछला दिने असम विधानसभा चुनाव में मांडिया सीट से चुनाव लड़त तृणमूल उम्मीदवार सरमन अली अहमद खातिर प्रचार करत सायोनी एगो सूफी गीत सुनवली। एकरा बाद एक्सप्रेशन पर तरह एह बारे में ढेरे पोस्ट आ गइल जवना में इनका सुभाव के आलोचना करे लागल लोग कि हिन्दू देवता ला अपमान आ मुस्लिम तुष्टीकरण के स्वागत।
Kaaba in my heart, Medina in my eyes – TMC MP Sayoni Ghosh
They’re clear about their ideology… Only Hindus are fools… pic.twitter.com/8URer9QHZf
— Mr Sinha (@Mrsinha) April 10, 2026
वइसे त खबरन ला बहुते माध्यम बा जानकारी खातिर बाकिर कुछ खबर खबर बन जालें खास कर के तब जब ऊ एक्सप्रेशन (पुरनका ट्वीटर) पर ट्रेंडिंग हो जालें। ई सब खबर या त हिन्दी में होला भा अंगरेजी में। हमार कोशिश रही कि एही में कुछ खबरन के अंजोरिया पर अंजोर करत रहीं भोजपुरी में। भोजपुरी के बड़का विद्वान लोग आपन लिखलका भेजी ना, सिनेमा आ गीत-गवनई के प्रचार प्रतिनिधि आपन सामग्री भेजीहें ना, आ हम रोज रोज कुछ नया रचना लिख ना सकीं काहें कि ऊ हमरा औकात के बाहर बा। समाचार एजेन्सियन के सेवा ले ना सकीं त इहे उपाय बाॅचत बा कि एक्सप्रेशने के आपन जरिया बना लीं।
एह तरह के प्रयास पर राउर राय का बा? जानत बानी कि रउरा बताएब ना बाकिर हमहूं कहला से बाज ना आएब.

0 Comments