जमशेदपुर में भोजपुरी नाट्य महोत्सव

– राजेश भोजपुरिया

#रंगश्री # नाट्य_महोत्सव #भोजपुरी #जमशेदपुर #डॉ_महेन्द्र_प्रसाद_सिंह

जमशेदपुर में भोजपुरी नाट्य महोत्सव

bhojpuri drama festival 2026 at jamshedpur

पिछला शनिचर 18 अप्रैल 2026 का दिने जमशेदपुर में बिष्टुपुर के तुलसी भवन में भोजपुरी नाट्य महोत्सव के सफल समापन का साथही स्व.कौशल किशोर सिंह साहित्यिक सम्मान समारोह 2026 करावल गइल।

एह कार्यक्रम के अध्यक्षता समाजसेवी ए के श्रीवास्तव जी कइनी आ मंच के संचालन कवि उदय प्रताप हयात जी का जिम्मे रहल। शुरुआत दिया जरा के आ स्व. कौशल किशोर सिंह जी के तस्वीर पर फूल चढ़वला का बाद कवयित्री वीणा पाण्डेय भारती आ लोक गायक अनिल कुमार सिंह के सरस्वती वंदना से भइल। एकरा बाद रंगकर्मी अनिता सिंह आ गायक अनिल कुमार सिंह भोजपुरी राष्ट्रगीत बटोहिया के प्रस्तुति कइलन.

सिंहभूम जिला भोजपुरी साहित्य परिषद एह आयोजन में आमन्त्रित अतिथियन के स्वागत आ सम्मानित कइलसि। परिषद के अध्यक्ष अरविंद विद्रोही जी कौशल किशोर सिंह जी के व्यक्तित्व पर आपन विचार सुनवनी।

सम्मानित साहित्यकारन में डा. गुरुचरण सिंह(सासाराम), डा.संध्या सिन्हा(जमशेदपुर),श्री अनिरुद्ध त्रिपाठी ‘अशेष ‘(जमशेदपुर) आ श्री नवीन अग्रवाल(जमशेदपुर) के पुष्पगुच्छ,अंगवस्त्र आ सम्मान राशि देके ‘कौशल किशोर सिंह साहित्यिक सम्मान’ से सम्मानित कइल गइल।

एह आयोजन के उपलक्ष मे प्रकाशित स्मारिका “धरोहर”, अरविंद विद्रोही के दू गो किताब, आ डा.संध्या सिन्हा के भोजपुरी किताबन के लोकार्पण मंच से भइल। डा. गुरुचरण सिंह जी भोजपुरी भाषा पर आपन बेबाक बात रखनी आ भोजपुरी के अलख जगवनी।

दोसरका सत्र में बारी रहे भोजपुरी नाटकन के..

भोजपुरी रंगमंच के समर्पित नाट्य संस्था ‘रंगश्री’ के स्थापना बोकारो स्टील सिटी में साल 1978 में भइल रहल। एकरा बाद साल 1994 में देश के राजधानी दिल्ली में ‘रंगश्री’ आपन उपस्थिति दर्ज करा दिहलसि। अपमना स्थापना से ले के आज ले ‘रगश्री’ लगातार भोजपुरी नाटकन के मंचन देश के विभिन्न राज्यन में आ विदेशो में करावत आइल बा। संस्था के प्रस्तुतियन से लोक कला आ लोक रंग-मंच के सुदृढ़ कइला का साथही लोक नाट्य साहित्यो के समृद्ध करे के काम भइल बा.

इहे रंगश्री दू दिन के भोजपुरी नाट्य महोत्सव जमशेदपुर में संस्कृति मंत्रालय, भारत सरकार के सहयोग आ सिंहभूम जिला भोजपुरी साहित्य परिषद के अगुआई में 18 आ 19 अप्रैल 2026 के आयोजित कइलसि।

भोजपुरी नाट्य महोत्सव के आगाज़ अरविंद विद्रोही के लिखल भोजपुरी हास्य व्यंग्य नाटक “यमलोक में करप्शन” से भइल। एकरा बाद डॉ महेंद्र प्रसाद सिंह रचित हास्य व्यंग्य नाटक “माइंडसेट ” के जोरदार मंचन भइल । दुनो नाटक के निर्देशन रंगश्री के संस्थापक डॉ महेंद्र प्रसाद सिंह कइनी। एह नाटकन के मंचन का दौरान लोग के हँसी ठहाका रुकते ना रहल।

एह नाटकन में भाग लेवे वाला कलाकारन में डॉ महेंद्र प्रसाद सिंह, अरविन्द विद्रोही, अखिलेश कुमार पाण्डेय, सौमित्र वर्मा, रुस्तम कुमार, विजय यादव, संदीप कुमार, कृति कुमारी, आ प्रवीण के नाम लिहल जा सकेला. पार्श्व संगीत में कीर्ति यादव, मंच सज्जा में अशोक के खास योगदान रहल। ।

दोसरका दिने 19 अप्रैल का दिने तीन तीन गो नाटकन के मंचन कइल गइल। पहिलका नाटक ब्रह्मेश्वर नाथ तिवारी के लिखल हास्य व्यंग्य नाटक “शनि के साढ़ेसाती” , दोसरका नाटक विशु बासु के लिखल बांग्ला नाटक “शांति रक्षक” के भोजपुरी अनुवाद “अमन के रखवार” आ तिसरका रहल अरविंद विद्रोही के लिखल भोजपुरी हास्य व्यंग्य नाटक “कब्रिस्तान के उदघाटन”।

‘शनि के साढ़ेसाती’ आ ‘अमन के रखवार’ नाटकन के निर्देशन अनिता सिंह आ  ‘कब्रिस्तान के उद्घाटन’ के निर्देशन डॉ महेंद्र प्रसाद सिंह कइनी। एह नाटकन के कलाकारन में विनोद कुमार, रौशन कुमार, अंशु पाठक, संजीत प्रजापति, राहुल कुमार आर्या, अखिलेश कुमार पाण्डेय, डॉ महेंद्र प्रसाद सिंह, सौमित्र वर्मा, विजय, रुस्तम कुमार, कृति कुमारी, कीर्ति यादव, विनय कांत, प्रभात रंजन, रुस्तम कुमार, आ अशोक के नाम खास रहल।

पार्श्व ध्वनि आ प्रकाश व्यवस्था के भार कृष्णा सिन्हा, संदीप कुमार, आ कीर्ति यादव पर रहल।

एह अवसर पर शहर के गणमान्य लोगन, भोजपुरी प्रेमीजन, साहित्यकारन , पत्रकारन, रंगकर्मीयन के उपस्थिति सराहे जोग रहल. एह सफल आयोजन ला भोजपुरी साहित्य परिषद के साधुवाद।

————————————————————————-

राजेश भोजपुरिया,
सहायक सचिव,सिंहभूम जिला भोजपुरी साहित्य परिषद्।
प्रचार मंत्री,अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन।
राष्ट्रीय संयोजक,भोजपुरी जन जागरण अभियान।

0 Comments

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

Recent Posts