पवन सिंह का संगे ठुमका लगावत राखी त्रिपाठी

जौनपुर के रहे वाली राखी त्रिपाठी खुशकिस्मत निकलली कि उनुका अपना पहिलके फिल्म में पवन सिंह का साथे ठुमका लगावे के मौका मिल गइल. घर परिवार में केहू के फिल्मी दुनिया से कवनो संबंध ना रहे बाकिर राखी त्रिपाठी के ग्लैमर के चकाचौंध मुंबई खींच ले आइल. कालेज में पढ़ते घरी कई गो डांस प्रोग्राम देबे वाली राखी नृत्य के प्रशिक्षन लिहली आ किस्मत आजमावे दिल्ली चल अइली. ओहिजा माडलिंग से शुरुआत कइली आ फेर मुंबई चहुँप गइली.

Rakhi Tripathi
संजोग निमन रहे कि उनका कमे समय में कई गो बढ़िया मौका मिल गइल. कुछेक धारावाहिकन में काम कइली आ माडलिंगो से जुड़ाव बनवले रखली. एही बीच प्यार बिना चैन कहाँ रे फिल्म खातिर आफर मिलल. कहल गइल कि पवन सिंह का साथे एगो गाना करे के बा. पहिले त विश्वासे ना भइल. बुझाव ना कि का करस. फेर जब गाना सुनावल गइल, सिचुएशन बतावल गइल त काम सकार लिहली. ओह गाना का बारे में बतावत कहली कि गाना कालेज में पवन सिंह के एन्ट्री पर बा. राखी के किरदार एगो बहुते घमण्डी लड़की के बा. गाना पवन सिहं के अलबम के एगो हिट गाना ह.

पवन का साथे काम कर के राखी बहुते उत्साहित बाड़ी. कहली कि पवन जतने बढ़िया गायक आ कलाकार हउवन ओतने बढ़िया इंसानो हउवन. कबो ई अहसास ना होखे दिहलन कि ऊ एगो सुपर स्टार हउवन आ हम एगो नया लड़की. गाना अतना बढ़िया से फिल्मावल गइल बा कि दर्शक ओकरा के बहुते पसन्द करीहें. अपना बारे में बतावत कहली कि अगर माडलिंग आ अदाकारी ना करती त क्लासिकल डांसर बनती. अमिताभ बच्चन उनकर सदा बहार हीरो हउवें आ सलमान खान का साथे काम करे के सपना रखले बाड़ी.


(स्रोत : खालिद)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *