रवि किशन डान – नगमा जीनत अमान : अब डॉनो भोजपुरी में बोली‍‍…..

ग्यारह मुल्को की पुलिस डान के पीछे है, लेकिन डान को पकड़ना मुश्किल ही नहीं नामुमकिन है.

अब सोचीं इहे डायलाग अगर एह तरह कहल जाय ग्यारह मुल्कन के पुलिस डान के पीछे पडल बा, लेकिन डान के पकडल मुश्किल नइखे नामुमकिन बा. अब कुछ अइसने होखे जा रहल बा काहे कि अब भोजपुरी में डान बनावल जा रहल बा. भोजपुरी के एह डान की कहानी सदी के महानायक अमिताभ बच्चन वाला डॉने क कहानी होखी.अमिताभ बच्चन वाली माने कि डान का भूमिका में भोजपुरी के अमिताभ बच्चन माने कि रवि किशन होंइहें आ जीनत अमान वाली भूमिका में अइहें भोजपुरी के सुपर अदाकारा नगमा.
Ravi Kishan and Nagma at Muhurt of Don in Bhojpuri
रवि किशन आ नगमा के जोड़ी चार साल बाद एक बार फेर से परदा पर आवे वाली बा. पेन एन कैमरा का बैनर तले निर्माता महमूद खान आ निर्देशक राजकुमार आर.पांडे के एह फिल्म की विधिवत लॉन्चिंग बियफे का दिने मुंबई में आयोजित एगो भव्य समारोह में कइल गइल. रवि किशन बतवलें कि डान क पहिला चरण के शूटिंग एही महीना लन्दन में होखी. चार साल बाद नगमा का साथ अभिनय कइला का बारे में कहलन कि दुनु के साथ वाली कवनो बढ़िया स्क्रिप्ट ना मिलल का चलतही ऊ लोग साथे ना आ पावल.

रवि किशन ने इहो साफ़ साफ कहलन कि ऊ महानायक अमिताभ बच्चन से कद में बहुते छोट बाड़े एहसे उनुका से रवि के तुलना ना होखे के चाहीं. इहो कहलन कि ऊ चहीहें कि भोजपुरी के डान में ऊ पहिलका डान के नकल ना कर के कुछ नया करे के चहीहें.

मुहुर्त का एह मौका पर रवि किशन, नगमा, मुंबई कोंग्रेस अध्यक्ष कृपा शंकर सिंह, मनसे के उपाध्यक्ष वागीश सारस्वत, भोजपुरी फिल्मन के जानल मानल निर्माता आलोक कुमार, निर्देशक के.डी., सुशील उपाध्याय, हैरी फर्नांडिस, एस.एस.ललित, अभिनेता बृजेश त्रिपाठी, पंकज त्रिपाठी, विकास श्रीवास्तव, अभिनेत्री संगीता तिवारी, लवी रोहतगी वगैरह लोग मौजूद रहलें.

डान के बाकी कलाकारन के चयन हो रहल बा. बहरहाल भोजपुरी फिल्मन के दिवाना लोग खातिर ई खुशी के बात होखी कि अब डॉन भोजपुरी में बतियाई आ कही – रानी जानेलू, हमरा के जंगली बिलाड़ बहुत पसंद बा…..


(स्रोत : उदय भगत)

1 Comment

  1. manas

    hello first time in world ki sab kuch bhojpuri main i am very happy

    manas
    news 24

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।