उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 6 नवंबर)

  • कांग्रेस आ भाजपा माँग कइले बिया कि दमकल विभाग में डीआईजी डीडी मिश्र के पूरा सुरक्षा दिहल जाव. हालही में डीडी मिश्र एगो टीवी साक्षात्कार में मायावती सरकार के भठियरपन में गरदन ले डूबल बतवले रहले जवना का बाद उनुका के पागल करार दे दिहल गइल बा.
  • पुलिस विभाग का बाद अब पावर कार्पोरेशनो में सिटिजन चार्टर लागू कर दिहल गइल बा. एकरा बाद हर काम खातिर समय सीमा बना दिहल गइल बा. एहमें कनेक्शन लिहला से ले के मीटर बदलावे तक के हर काम खातिर समय तय रही.
  • गोरखपुर आकाशवाणी केन्द्र से भोजपुरी समाचार प्रसारित होखे के तिसरका वर्षगाँठ का मौका पर देवरिया के रुद्रपुर में एगो सम्मान दिवस के आयोजन कइल गइल जवना में मुख्य अतिथि सलेमपुर के सांसद रमाशंकर विद्यार्थी रहलें. समारोह में अनेके भोजपुरी साहित्यकार शामिल भइलन.
  • सपा नेता आजम खान के कहना बा कि अगर मालेगांव विस्फोट मामिला के आरोपी साध्वी प्रज्ञा ठाकुर के जमानत मिल जात बा त एकरा खातिर कांग्रेस नेतृत्व जिम्मेदार होई. एहसे पहिले मुस्लिम आरोपियन के कोर्ट से जमानत मिल गइल जब सीबीआई सुबूत ना जुटा पवलसि.
  • केंद्र आ मायावती सरकारन के जनविरोधी रवैया का खिलाफ सपा 9 नवंबर के राज्य भर में प्रदर्शन करी.
  • पंचशील नगर जिला में अतवार का दिने एगो सड़क दुर्घटना में सात लोग के जान चल गइल. सभे हरियाणा के रहल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *