बिहार के खबर

(बियफे, 22 दिसंबर)

  • अपना रोहतास दौरा में नीतीश कुमार बतवलें कि राज्य सरकार दुर्गावती जलाशय परियोजना का बारे में सगरी शर्त पूरा कर के केन्द्र सरकार का लगे भेज दिहल बा. अब ओहिजा से अनापत्ति प्रमाणपत्र मिलते काम शुरू कर दिहल जाई.
  • सुगौली चीनी मिल में बिजली बनल शुरू हो गइल बा. ओहिजा बीस मेगावाट बिजली पैदा होखी. शुक का दिन से पेराईओ शुरू हो जाई.
  • चिकित्सक लोग के सेवानिवृति के उमिर बढ़ा के पैंसठ साल कर दिहल गइल बा. सरकारी सेवा में डाक्टरन के कमी का चलते अइसन फैसला भइल बा.
  • अररिया के डीएम, एसपी के बम से उड़ा देबे के धमकी दिहले बावे एगो ईलाकाई कमांडर.
  • पुलिस महानिदेशक अभयानंद के कहना बा कि सगरी भठियरपन के जड़ में आर्थिक अपराध होला आ अगर एह पर लगाम कस दिहल जाव त भठियरपन खुदही ठीक हो जाई. खाद पानी ना भेंटाई त ओकरा सूखही के बा.
  • पटना के कोतवाली इलाका में निगरानी विभाग के छह गो फर्जी अधिकारियन के ओह घरी गिरफ्तार कर लिहल गइल जब ऊ सब बड़की गाड़ियन के कागजात चेक करत रहले सँ. आपन कागज फर्जी आ दोसरा के चेकिंग !
  • लालू के डर बा कि लोकपाल बनला का बाद पुलिस उनुका आ उनुका जइसन लोग के पकड़ के जेल में डाल दी. एह चलते आजु ऊ संसद में लोकपाल का खिलाफ खूबे हंगामा कइलें आ कहलें कि लोकपाल में मुसलमानन खातिर अलग से आरक्षण दिहल जाव.
  • विधानमंडल के पिछला सत्र में पारित लोकायुक्त विधेयक समेत छह गो विधेयक के राज्यपाल के मंजूरी मिल गइल.
  • चौंतीस हजार पाँच सौ चालीस शिक्षकन के बहाली सूची अदालत के फैसला का बाद जारी कर दिहल गइल बा. एह सूची में उर्दू खातिर आवेदन करे वाला सगरी चार हजार आठ सौ सताईस अभ्यर्थी चुन लिहल गइल बाड़े. शारीरिक शिक्षा के एक हजार एक सौ तेरह अभ्यर्थी आ बाकी विषयन के अठाईस हजार छह सौ अभ्यर्थी चुनाइल बाड़े.
  • राज्य में कड़ाका के जाड़ा आजुओ जारी बा आ अगला दू तीन दिने ले गलन वाली हवा चले के अनेसा बा.
  • सासाराम में बुध का रात एगो जूता कंपनी के शो रूम में आग लगला से लाखों रुपिया के सामान जर गइल.
  • बदनाम नक्सली पिंकेश यादव के काल्हु बुध का दिने मुंगेर पुलिस हरिनमार दियारा में गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • मध्य प्रदेश में भइल स्कूली ताईक्वांडों चैंपियनशिप में बिहार के टीम तीन गो सोना पदक समेत एगारह गो पदक जीतले बावे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।