Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, मंगल, २८ फरवरी २०१२

बिहार

  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु विधानसभा में कहलन कि राज्य में इंद्रधनुषी कृषि क्रांति खातिर एक अप्रेल से कृषि रोड मैप लागू कइल जाई. मकसद बा कि हर हिंदुस्तानी का थरिया में कम से कम एगो बिहारी व्यंजन जरूर होखे.
  • विधानसभा में आजु सरकार भरोसा दिहलसि कि महिला मास्टरनी लोग के पदस्थापना ओह लोग का गृह जिला का अगले बगल कइल जाई.
  • भठियरपन आ आमदनी से बेसी के संपति राखे का आरोप में डीएफओ भोला प्रसाद सिंह के करोड़ो रुपिया के चल अचल संपति के जब्त कर लिहल गइल. एहमें फुलवारी शरीफ में उनुकर कोठी समेत दस जगहा के संपति शामिल बा.
  • बिहार में प्रेस के आजादी पर बंदिश लगावे के आरोप के जाँच खातिर भारतीय प्रेस परिषद एगो समिति बनवले बिया जवना के अध्यक्ष वरिष्ठ पत्रकार राजीव रंजन नाग के बनावल गइल बा. ई जानकारी न्यायमूर्ति काटजू अपना बयान में दिहले बाड़न.
  • सिवान के हकमा गांव के मदन यादव के जाली नोट आ गैरकानूनी असलहा का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. सोमार के रात जीबी नगर थाना इलाका में जाली नोट छापे वाला मशीन का साथे भरतपुरा गांव में अरूण राम के घर से अरूण राम समेत चार जने के गिरफ्तार कइल रहे. तिन करोड़ रुपिया के छापल नोटो जब्त कर लिहल गइल.

उत्तर प्रदेश

  • छठा दौर के मतदान में आजु साठ फीसदी से बेसी मतदान के खबर बा. हर जगहा शान्ति से मतदान भइल. सहारनपुर आ मथुरा में चौंसठ फीसदी से बेसी लोग मतदान कइल. अबकी के मतदान फीसदी रिकार्ड रहल. अब आखिरी दौर के मतदान तीन मार्च के पड़े वाला बा आ सभकर ध्यान अब ओही इलाका में लागल बा.एह दौर में पश्चिमी यूपी आ तराई वाला इलाका के दस गो जिला के साठ सीट खातिर मतदान करावल जाई.
  • सोनभद्र जिला के ओबरा इलाका के बिल्ली मारकुण्डी खनन इलाका में एगो चट्टान घसकला का चलते बिजली के टावर गिर गइल आ ओकरा से दबा के लगभग एक दर्जन लोग के जान चलि गइल. घटना सोमार रात करीब आठ बजे भइल.
  • जौनपुर के सराय ख्वाजा इलाका के लपरी गाँव का लगे सोमार के देर रात एगो बस पलट गइल जवना से छह लोग के जान चलि गइल. ई लोग सुल्तानपुर जिला के उदयपुर सरवारी गाँव के रहल आ दर्शन खातिर विंध्याचल धाम गइल रहे.
  • एनआरएचएम घोटाला में नाहियो त पचास गो मुख्य चिकित्साधिकारी सीबीआई का जाँच में घोटाला में सनाइल मिलल बाड़े. अबही सवा सौ अउरियो सीएमओ के फँसे के अनेसा बतलावत जात बा.
  • श्री श्री रविशंकर अपना जन जागरण यात्रा के दुसरका दौर के शुरूआत पन्द्रह मार्च के बलिया से करीहें जवना खातिर उनुकर चेला चाटी लोग कई दिन से बलिया मे डेरा डाल दिहले बा..
  • बलिया में जगदीशपुर में एगो कूड़ादान में एगो जिन्दा बच्ची फेंकल मिलल. बच्ची के पोसे खातिर एगो लिट्टी बेचे वाली महिला के सँउप दिहलसि पुलिस. एह कूड़ेदान में पहिलहू कई बेर नवजात शिशुवन के लाश मिल चुकल बा.

देश

  • गोवा विधानसभा के ४० सीटन के चुनाव खातिर प्रचार के काम जोर ध लिहले बा. गोवा में तीन मार्च के मतदान होखे वाला बा. सगरी सीटन पर बहुकोणीय मुकाबला बा.
  • केरल उच्च न्यायालय इटली के जहाज एनरिका लैक्सी के मालिकन के तीन करोड़ रूपिया के बैंक गारंटी जमा कइला का बाद जहाज छोड़े के आदेश दे दिहलसि.
  • नॉर्वे के बाल-कल्याण सेवा ओहिजा के प्रवासी भारतीय दम्पत्ति अनुरूप आ सागरिका भट्टाचार्य के लड़िकन के ओकनी के चाचा के सँउपे के फैसला कइले बा जेहसे कि ओकनी के भारत ले आइल जा सके. एह बचवन के नार्वे के बाल कल्याण सेवा पिछला साल जबरिया अपना कब्जा में ले लिहले रहुवे कि ओकनी के महतारी बाप ओकनी के बढ़िया से परवरिश नइखन करत.
  • कुडनकुलम परमाणु परियोजना के विरोध करे वाला एनजीओ पर सरकारी शिकंजा कसा गइल बा. एह लोग का खिलाफ तरह तरह के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा आ बैंक खाता से लेनदेन रोक दिहल गइल बा.
  • मध्य प्रदेश के भोपाल में आर टी आई कार्यकर्ता शहला मसूद के हत्या का मामिला में सीबीआई एगो इंटीरियर डिजाइनर जाहिदा परवेज के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी अपना बेमारी के इलाज खातिर फेरु विदेश चल गइली. चार पाँच दिन लागी उनुका लवटे में.
  • सुप्रीम कोर्ट में आजु केन्द्र फेर आपन रुख पलटत कहलस कि समलैंगिक संबंध के अपराध का श्रेणी से हटावे में कवनो गलती नइखे. दिल्ली उच्च न्यायालय साल २००९ में अपना फैसला में कहले रहुवे कि समलैंगिक संबंध कवनो अपराध ना हवे.
  • जम्मू-कश्मीर में आजुओ प्राइवेट मीडिया विधानसभा अउर विधान परिषद के कार्यवाही के बहिष्कार कइलसि. जबकि स्पीकर के कहना बा कि ऊ अइसन कुछुवो नइखन बोलल जवना से मीडिया के दुख चहुँपल होखे बाकिर ऊ लोग खुद वहिष्कार कइले बा त खुदे वहिष्कार वापिस ले के आइयो सकेला.

दुनिया

  • पाकिस्तान में आज एगो बस पर फायरिंग का चलते नाहियो त डेढ़ दर्जन लोग के जान चल गइल. अनेके लोग घवाहिलो भइल बा.
  • पाकिस्तान का सुप्रीम कोर्ट में प्रधानमंत्री युसूफ रज गिलानी का खिलाफ कोर्ट के बेइज्जति करे के मामिला के सुनवाई सात मार्च ले रोक दिहल गइल बा.
  • संयुक्त राष्ट्र अफगानिस्तान से अपना कर्मचारियन के हटावे लागल बा.

शिक्षा

  • सीबीएसई के बोर्ड परीक्षा पहली मार्च से शुरू होखे जात बा. दसवी के परीक्षा पेंटिग का इम्तिहान से आ बारहवीं के अंग्रेजी पेपर से होखी. दसवीं के परीक्षा छब्बीस मार्च ले आ बारहवीं के परीक्षा सोलह मार्च के खतम होखी. राज्य में सीबीएसई के दसवीं परीक्षा में ६३८ स्कूल आ बारहवीं के परीक्षा में ३७८ स्कूल के विद्यार्थी शामिल होखीहें.
  • देरी से फार्म जमा होखला का चलते बलिया गाजीपुर जिलन के नाहियो त पन्द्रह हजार विद्यार्थी यूपी बोर्ड परीक्षा ना दे पइहें. अब ओह स्कूलन के पदाधिकारी दउड़धूप में लागल बाड़े कि केहु तरह शासनादेश ले लिहल जाव आ एह विद्यार्थियन के इम्तिहान देबे दिहल जाव. एह बीच बोर्ड आपन तइयारी पूरा करे में लागल बावे.

खेल

  • होबार्ट में आजु तिकोनिया एकदिना क्रिकेट प्रतियोगिता में भारत विराट कोहली के सैकड़ा का बदौलत श्रीलंका के सात विकेट से हरा दिहलसि आ बोनस प्वायंट ले लिहलसि. बाकिर भारत फाइनल में चहुपी कि ना एकर फैसला श्रीलंका आ आस्ट्रेलिया का मैच का बादे तय हो पाई.

बिजनेस

  • देश भर के मजदूर आजु अपना माँग का सिलसिला में भारत बंद के गोहार लगवले रहले जवना के मिलल जुलल असर देखे के मिलल. सबले खास बाति ई रहे कि आजु के हड़ताल के समर्थन में कांग्रेस, भाजपा, आ वाम दल के मजदूर संगठन एक साथ मिल के हड़ताल करवले.
  • वित्तमंत्री प्रणब मुखर्जी कच्चा तेल के दाम बढ़े पर चिंता जतवले बाड़न. हो सकेला कि एह चलते देश में पेट्रोल आ डीजल के दाम बढ़ावे के पड़ जाव.
  • चार सत्र से चलल आवत गिरावट के रूख पलटत आजु मुबंई शेयर बाजार के सूचकांक २८५अंक चढ़ के बंद भइल. डालर का मुकाबले रूपिया १४ पैसे मजबूत भईल आ सोना के दाम में मामूली बढ़त दर्ज भइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *