भउजी हो : अलकायदा बनाम आलाकमान

भउजी हो !

का बबुआ ?

सुनत बानी कि मनमोहन सिंह आ गिलानी में एगो बात एके लेखा बा.

का बबुआ ?

गिलानी के अपना देश में रहे वाला ओसामा का बारे में पता ना रहे आ मनमोहन के अपना मंत्री ए॰राजा का बारे में.

ई झूठ बा बबुआ.

काहे भउजी ?

मनमोहन के सब मालूम रहे बाकिर ऊ चुप्पी सधले रहले.

केकरा डरे ? एहिजा त कवनो अलकायदा नइखे.

अलकायदा आ आलाकमान में ढेर फरक थोड़े होखेला.

गजब भउजी. एहि तरे ढारत रहऽ.

भागब कि ना !

1 Comment

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    आछा-आछा….भउजी…त तुँ इ कहल चाहतारु की….त जवनेगाँ मनमोहन बाबा अउर सरकार ए.राजा की साथे-साथे अउर एइसने मुद्दन पर चुप्पी सधले रहलन ओहींगाँ गिलानी अउर पाक (नापाक) सरकारो ओसाबा अउर दाउद जइसन मुद्दन पर चुप्पी सधले रहल ह…अउर सधले रही…जय हो।। बाह…..बाह…काफी समानता बा…..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।