मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के जादू फेरू चलल

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के जादू पिछला दिने मुंबई का सिनेमाघरन में खूब चलल आ उनकर फिल्म ‘भईयार हमार दयावान’ एहिजा रिकार्ड तोड़ सफलता हासिल कइलसि. एह फिल्म में छह साल बाद मनोज तिवारी आ रिंकू घोष दुनु बाड़न हालांकि जोड़ी अलग बा. मनोज तिवारी के जोड़ी पाखी संगे आ रिंकू के जोड़ी शुभम तिवारी संगे बनावल गइल बा.

शुभम अउर रिंकू घोष के जोड़ी एहसे पहिले ‘तू ही मोर बालमा’ में बहुते हिट रहल रहे. मनोज तिवारी आ पाखी हेगड़े के जोड़ी पहिला बेर बनल बा. ‘भईया हमार दयावान’ के निर्देशक हउवें असलम शेख.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।