मुंबई में पाखी का जलवा

सिनेमा भोजपुरी के नं. 1 अदाकारा पाखी हेगड़े के जलवा एह घरी मुंबई में देखे लायक बा. उनुकर हालिया रिलीज फिलिम ‘‘भईया हमार दयावान’’ मुंबई के दू दर्जन से बेसी सिनेमा घर में धमाल मचावत बावे. एह फिलिम में पाखी के टॉम बॉय लुक दर्शकन के बहुते भावत बा. दोसरे एह फिलिम में पहिला बेर पाखी आ मनोज तिवारी के जोड़ी बनावल गइल बा आ ओकरे के दर्शक पसंद करत बाड़े.

असलम शेख निर्देशित एह फिल्म के सफलता से पाखी हेगडे बहुते उत्साहित बाड़ी आ दर्शकन के धन्यवाद भेजत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।