दीपक दुबे के ‘तन तुलसी मन गंगा’

भोजपुरी सिनेमा का नवही सितारा दीपक दूबे आजुकाल्हु वाराणसी का मनोरम लोकेशनन पर ‘तन तुलसी मन गंगा’ की शूटिंग करत बाड़े. निर्मात्री रीता प्रकाश आ निर्देशक पारस नाथ सिंह के एह फिल्म में दीपक दुबे गाँव के एगो सीधा-सादा नवही का किरदार में बाड़न. दीपक दूबे का सोझा दू गो नायिका बाड़ी एह फिल्म में, तनुश्री आ सिमरन.

बॉक्स ऑफिस पर ‘बृजवा’, ‘मार देब गोली केहू ना बोली’ आ ‘तू ही मोर बालमा’ जइसन सुपरहिट फिलिमन से अपना अदाकारी के परिचय दे चुकल दीपक के ‘बुलंदी’ जल्दिये प्रदर्शित होखे वाली बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।