भोजपुरी में रम गइले राम मिश्रा

अपना दमदार अभिनय से दर्शकन क दिल जीते वाला सफल अभिनेता राम मिश्रा अब पूरा तरह से भोजपुरी सिनेमा में व्यस्त हो गइल बाड़न. लगभग 35 गो हिंदी फिलिम में अभिनय कइला का अलावे राम मिश्रा अनेके गुजराती, मराठी आ छत्तीसगढ़ी फिलिम “जरत हईं जिया मोरा” में अपना अभिनय प्रतिभा के जलवा जारी रखलन.

बात कइल जाव भोजपुरी फिलिमन के त राम मिश्रा के फिलिमन में अबही ले “जाड़े में बलमा प्यारा लगे”, “गर्दा गर्दा कइले बाडू जब से भईलू सायन”, “मोरा बलमा छैल छबीला” आ “रंगबाज़” वगैरह शामिल बाड़ी सँ. विराज भट्ट आ रानी चटर्जी अभिनीत फिल्म “घात” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. राम मिश्रा “रंगबाज़” आ “कालिया” का बाद करने के तुरते दिव्या इंटरप्राईजेज के “तिलक तराजू और तलवार” खातिर साइन कर लिहल गइलन. एह फिल्म के शूटिंग जल्दिये जौनपुर में शुरु होखे वाला बा.


( अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।