बाबा रामदेव के दवाईयन के ब्रांड अम्बेसडर बनले मनोज तिवारी

भोजुपरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के बाबा रामदेव के संस्था पतंजलि योग पीठ आ पतंजलि संस्थान के बनावल आयुर्वेदिक उत्पादन के उत्तर प्रदेश आ बिहार में ब्रांड एम्बेस्डर बनावल गइल बा. योगगुरु बाबा रामदेव आ मेगास्टार मनोज तिवारी पिछला दिने पटना में एह उत्पादन के खुला बाजार में उपलब्ध करावे का उद्घाटन पर एक साथ लउकल लोग. एह अवसर पर मनोज तिवारी लोग से स्वदेशी अपनावे के गोहार लगवले.

एह मौका पर बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी बाबा रामदेव के गोड़ छू के आशीर्वाद लिहलन. मनोज तिवारी अपना देशभक्ति वाला गीतन से विदेशी सामान पर तंज कसलें आ विदेशी सोच, सामान अउर सभ्यतो पर आपन बात रखले.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।