विनय आनंद स्टारर ‘‘किसना कईलस कमाल’’ मुंबई में धमाल कइलसि

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद स्टारर ‘‘किसना कईलस कमाल’’ के बिहार क बाद मुंबईओ में जबरदस्त ओपनिंग मिलल बा. आर. के. सिने इंटरटेनमेंट के बैनर में निर्माता लक्ष्मण आर. पाण्डेय के एह फिल्म के लिखले निर्देशित कइले बाड़न चुनचमुन पंडित. फिल्म में देखावल गइल बा कि केदार बाबू (राकेश पाण्डेय) अपना लड़िकन के पढ़ा लिखा के काबिल इंसान बनावल चाहत रहले. तीन गो बेटा में से एगो प्रोफेसर त दोसरका इंजीनियर बन जा ता. बाकिर तिसरका बेटा किसना (विनय आनंद) डाक्टर ना बनके गाँव में लफंगा आ नौटंकीबाज बन जात बा. गांवे के एगो लड़िकी कजरी (गुंजन पंत) ओकरा से प्यार करत बिया. समय के फेर में बाप के करजा उतारे शहर आइल किसना के भेंट श्वेता कपूर (प्रिया शर्मा) नाम के एगो रइस लड़िकी से होत बा. एक दू मुलाकात में किसना श्वेता से प्यार करे लागत बा.

गाँव के अनपढ़ गँवार किसना शहर आ के का कमाल करत बा, कइसे अपना बाप के करजा उतारत बा, कजरी के का होखत बा ? वगैरह सवालन के जवाब फिलिम का क्लाइमेक्स में उजागर होत बा.

विनय आनंद, गुंजन पंत आ प्रिया शर्मा एह फिलिम में आपन अलगे छाप छोड़ले बाड़े. गीत बहुते बढ़िया बनल बाड़ी स. बाकी कलाकारन में अनुराग भारद्वाज, पंकज मेहता, मनदीप कौर, सुधा वर्मा, सीमा सिंह, आ शालिनी बढ़िया काम कइले बा लोग.


(शशिकांत सिंह रंजन सिंहा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।