‘अंतिम तांडव’ क संगीतमय मुहूर्त भइल

नंद किशोर फिल्मस एण्ड इंटरटेन्मेंट के बैनर तरे बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘अंतिम तांडव’’ क संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने अंधेरी के एमफारयू स्टूडियो में कइल गइल. एह मौका पर फिल्म उद्योग के अनेके गणमान्य लोग उपस्थित रहल जइसे कि राकेश त्रिपाठी, बाबी सिंह, सचिन यादव, लवी श्रीवास्तव, रमाकांत मिश्रा, संजय भूषण पटियाला, मंटू लाल, पवन झा, मनोज श्रीपति झा, मनोज द्विवेदी अखिलेश राज वगैरह

निर्माता दिलीप शर्मा के एह पहिलका फिलिम मे नायक बाड़े विराज भट्ट. दस गो गाना भरल एह फिलिम में एक्शन आ कॉमेडीओ भरपूर मिली. शूटिंग 20 मई से बिहार के मधुबनी झंझारपुर, दरभंगा शहर में कइल जाई. फिल्म के प्रस्तोता हउवें झलकू शर्मा, लेखक राकेश त्रिपाठी, निर्देशक योगेन्द्र सिंह, गीतकार फणींदर राव, अशोक सिन्हा, आ राजेश मिश्रा, संगीतकार छोटे बाबा, छायांकन देवेन्द तिवारी के, नृत्य निर्देशक संतोष सर्वदेशी, फाइट मास्टर हीरा यादव हउवे.

मुख्य कलाकार में विराज भटट, शुभम तिवारी, स्मृति सिन्हा, संजीत स्वराज, विनोद मिश्रा, देव सिंह आ सोनू झा शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Recent Posts