बजरंग पवन डकैत बन गइल

भोजपुरी के मशहूर लोकगायक आ अब सुपर स्टार पवन सिंह के फिल्म बजरंग के बिहार में धूम मच गइल बा. अब बजरंग पवन आपन चोला बदल के डकैत बन गइल बाड़ें आ एही नाम के फिल्म “डकैत” में उनुकर टाइटल भूमिका बा. आठ जून से बिहार में तहलका मचावे के तइयार बावे मिथिला टाकिज के बैनर तले बनल निर्माता मनोज चौधरी के फिल्म ‘डकैत’. एकर लेखक-निर्देशक रवि भूषण हउवें.

एह फिल्म में पवन सिंह क साथे मोनालिसा, चांदनी चोपड़ा आ प्रतिभा पाण्डेय आँख लड़ावत नजर अइहें. साथी कलाकारन में मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, मनीष चतुर्वेदी, आनंद मोहन, आफरीन खान, विजया, संजय वर्मा आ अनिल यादव के खास भूमिका बा. एह फिल्म के फर्स्ट लुक जेही देखले बा सेकरे मानल बा कि ‘डकैत’ के राज दर्शकन पर चल के रही.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।