सीमा सिंह के फेरू मिलल अवार्ड
-

भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह एगो रिकार्ड बनवले बाड़ी. ऊ पहिलका आयटम डांसर हई जिनका पिछला चार साल से लगातार बेहतरीन डांस परफारमेंस खातिर अवार्ड दिहल जात बा. साल 2008 आ 2009 में लगातार दू साल भोजपुरिया अवार्ड में ‘सर्वश्रेष्ठ आयटम डांसर’ क अवार्ड, साल 2010 में पहिलका भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड में ‘डांसिंग क्वीन’ के खिताब, आ फेर साल 2011 में सीमा सिंह महुआ चैनल के शो ‘नाच नचईया धूम मचईया’ में विजेता घोषित कइल गइल. एकरा अलावहू डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अनेके अवार्ड हासिल कइले बाड़ी.

एही कड़ी में एगो अउर अवार्ड उनका नामे जोड़ा गइल आ ऊ हवे ‘भोजपुरिया हेलन’ अवार्ड. सीमा सिंह के हाल ही मे दिल्ली में आयोजित 6वां विश्व भोजपुरी सम्मेलन में एह सम्मान से नवाजल गइल. एह मौका पर भोजपुरी सिनेमा जगत क तमाम बड़हन हस्ती जइसे कि कुनाल सिंह, रिंकू घोष, रानी चटर्जी, निर्देशक असलम शेख, निर्माता निर्देशक राजकुमार पांडे वगैरह मौजूद रहलें.

आ अब हाल में फेरू सीमा सिंह के ‘प्रेस मीडिया अवार्ड 2012’ में सर्वश्रेष्ठ आयटम डांसर के अवार्ड से सम्मानित कइल गइल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts