Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, शनिचर, १७ अप्रैल

अंसारी भाईयन के बसपा से निकालल गइल

मुख्तार अंसारी आ उनका भाई अफजाल अंसारी के बसपा से निकाल दिहल गइल बा. पार्टी के कहनाम बा कि ऊ लोग भरोसा दिअवले रहुवे कि अब अपराध ना करी लोग बाकिर देखल जा रहल बा कि अबहियो ऊ लोग अपना पुरनके राह पर चल रहल बा. एहसे दुनु जने के बसपा से निकाल दिहल गइल. मुख्तार अंसारी तबहियो जेले में रहलें अबहियो जेले नें बाड़न. उनका पर भाजपा विधायक कृष्णानन्द राय के हत्या के आरोप बा.

यूपी के प्राविधिक प्रवेश परीक्षा आजु

यूपि के इंजीनियरिंग कालेजन में प्रवेश खातिर आजु परीक्षा आयोजित बा जवन चार पाली में होखी. हर केन्द्र पर फोटोग्राफर आ वीडियोग्राफर के व्यवस्था कइल गइल बा जवना से मुन्ना भाई अपना बदले दोसरा से इम्तिहान मत दिलवा लेव लोग. कैलकुलेटर आ मोबाइल ले के परीक्षा केन्द्र मे घुसे पर रोक लगा दिहल बा. सवा दू लाख से बेसी विद्यार्थी एह प्रवेश परीक्षा में शामिल भइल बाड़े जवना खातिर कुल २६१ गो केन्द्र बनावल गइल बा.

आईआईटी के प्रवेश परीक्षा फेर से लिहल जाव

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्री कपिल सिब्बल से भेंट कर के आईआईटी के प्रवेश परीक्षा में हिन्दी भाषी विद्यार्थियन के जान बूझ के नुकसान चहुँपावे के व्यवस्था का बारे में सिलसिलेवार ब्योरा दिहलें आ कहलें कि जरुरी बा कि एह प्रवेश परीक्षा के फेर से करावल जाव. एके सवाल के जवाब हिन्दी में दिहला पर तीन गो नम्बर मिली जबकि अंगरेजी में दिहला पर आठ गो नम्बर के व्यवस्था बा. शायद चाहत बा लोग कि हिन्दी माध्यम से परीक्षा देबे वालन के प्रवेश ना हो पाये.

सुप्रीम कोर्ट के अधिकार पर सवाल उठवलसि गुजरात सरकार

सुप्रीम कोर्ट में दाखिल अॡना हलफनामा में गुजरात सरकार कहले बिया कि सुप्रीम कोर्ट के अधिकार नइखे कि ऊ गुजरात दंगा के मुकदमन के सुनवाई पर रोक लगा देव. साथही इहो कहले बा कि विशेष जाँच दल के अधिकार नइखे कि ऊ मुख्यमंत्री के समन भेज सके. तीस्ता सीतलवाड पर गवाहन के धमकावे के मुकदमो चलावे के माँग कइले बिया गुजरात सरकार कि ऊ एह मामिला में बेजाँय दबाव डाल रहल बाड़ी.

अपना औकात के थाह लाग गइल केन्द्र सरकार के

केन्द्र सरकार के सगरी हेकड़ी निकल गइल बा आ अब महिला आरक्षण विधेयक के तेलहण्डा में डाल दिहल गइल बा. सरकार के मालूम बा कि ऊ एह विधेयक के पारित ना करवा पाई. अबहीं त वित्ते विधेयक पास करावे में पसीना छूट रहल बा. असल में महिला विधेयक खातिर संविधान में संशोधन करावे के पड़ी जवना खातिर दु तिहाई बहुमत चाहीं जवन सरकार का लगे हइये नइखे ना जोगाड़ बइठे के संभावना बा.

हिन्दू देवी देवता के नंगा तस्वीर बानवे वाला के डीलिट् दीहि मुस्लिम विश्वविद्यालय

गैर हिन्दू होखला का बावजूद भा चलते हिन्दू देवी देवता के नंगा तस्वीर बनावे वाला एम एफ हुसेन के अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय डीलिट् के मानद उपाधि देबे के फैसला कइले बा. हुसेन कानूनी कार्रवाई से बचे खातिर देश के नागरिकतो छोड़ दिहले बा एकरा बावजूद ओकरा के उपाधि दिहल जात बा कि ना से देखे लायक बात होखी. हिन्दूवन के भावना के चोट पहुँचावे वाला एह आदमी के पैरोकार सगरी सेकूलर मीडिया बा. एही सब का चलते सेकूलर के मतलबे हो गइल बा हिन्दू विरोधी.

खाप का कोप से डेराइल जज आपन तबादला मँगली

सगोत्री विवाह करेवाला एगो जोड़ा के हत्या के आरोप में पाँच आदमी के मौत के सजाय सुनावे वाली जज वाणीगोपाल शर्मा अपना तबादला के माँग कइले बाड़ी. उनका डर बा कि खपा महापंचायत उनका जान पर जोखीम ले आ सकेला. महापंचायत साफ कहले बा कि चाहे जवन कुछ हो जाव सगोत्री विवाह करे वालन के जिन्दा ना छोड़ल जाई.

स्कूल बोर्ड कर्मचारियन के हड़ताल टूटल

बिहार स्कूल एक्जामिनेशन बोर्ड के सीनियर सेकेण्डरी सेक्शन के कर्मचारियन के दस दिन पुरान हड़ताल टूट गइल जब मुख्यमंत्री नीतीश एह बात के आश्वासन दे दिहलें कि ओह लोग का माँग जल्दिये मान लिहल जाई. एह हड़ताल से राज्य के लाखों विद्यार्थियन के भविष्य पर संकट आ गइल बा. अगर समय पर परिणाम ना घोषित भइल त ओह लोग के एडमिशन प्रोफेशनल कोर्सेज में ना हो पाई.

भयंकर गर्मी मे ठण्ढक चहुँपावे वाली खबर

भयंकर गरमी झेल रहल उत्तर भारत के लोग एह बात से तनी राहत महसूस कर सकेला कि आवेवाला मानसून बढ़िया रही. मौसम विभाग के कहनाम बा कि एल नीनो के एहसाल कवनो असर ना पड़ी आ पूरा दक्षिण एशिया में बढ़िया बरसात होखी.

डेक्कन चार्जर्स आपन उम्मीद जिन्दा राख लिहलसि

काल्हु के मैच में किंग्स इलेवन पंजाब के हरा के डेक्कन चार्जर्स सेमीफाइनल में चहुँपे के आपन सपना जिन्दा राख लिहलसि. पर साल के आईपीएल विजेता रहुवे डेक्कन आ एह साल ओकरा सेमीओफाइनल खेले पर संदेह बन गइल रहुवे. आजु मुंबई इण्डियन्स के मुकाबिला बेंगलुरु के रायल चैलेंजर्स से बा.

0 Comments