एक और बगावत की आग

सिनेमा भोजपुरी के चलन का खिलाफ त अनेके फिल्मकार विद्रोह के आग सुलगावत रहल बाड़ें बाकिर दर्शकन के एह आग से कवनो नया रोशनी नइखे मिलल. अबकी अनेके धारावाहिकन के निर्देशन कर चुकल निर्देशक दिनेश चन्द्र मिश्रा अपना फिल्म “एक और बगावत की आग” से एह बगावत के झंडा बुलंद करे जात बाड़न. बी. आर .इशारा जइसन मशहूर निर्देशकन के सहायक रहल दिनेश चन्द्र मिश्रा के कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा कथ्य आ शिल्प के हिसाब से बहुते पिछड़ल बाड़ी सँ काहे कि एहन के कथानक पर बाजारवाद हावी हो गइल बा. भोजपुरी सिनेमा के बदहाली खातिर दिनेश चन्द्र मिश्रा स्टार सिस्टमो के दोषी मानेलें. हालाकिं उनकर इहो कहना बा कि अबही मार्केट में कवनो अइसन स्टार नइखे जे अकेले अपना दम पर फिल्म के कामयाबी दिलवा सके. मिश्रा के पूरा यकीन बा कि बढ़िया कहानी के अगर नयको सितारन का साथे परदा पर पेश कइल जाव तबो फिल्म जरूर चली. देखल जाव उनकर ई यकीन हकीकत बन पावऽता कि ना.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।