अन्हरा बाँटे रेवड़ी घूम फिर अपने के देव

Bunglings in admission

Student leaders are accusing the Principal of Rajendra College Chapra of nepotism and bunglings in admission to graduate and post-graduate courses. On the other hand Prinicipal is denying the allegations saying those who fail to get admissions are making false accusations.

छपरा के जेपी विश्वविद्यालय में नामांकन में जम के धाँधली हो रहल बा, अइसन आरोप ओहिजा के छात्र नेता लगा रहल बाड़े. कहतारें कि जेकरा लगे सोर्स पैरवी बा ओकर नाम चुपाचोरी लिखा जात बा आ बिना सोर्स पैरवी वालन के बहाना बना के टरका दिहल जा रहल बा. पहिले पूजा के छुट्टी के बहाना रहत रहुवे अब चुनाव के बहाना बा. बाकिर अगर पंजी देखल जाव त एहू बीच नामांकन होत रहल बा.

दोसरा तरफ राजेन्द्र कालेज के प्राचार्य के कहनाम बा कि जगहा के कमी से जेकर नाम ना लिखा सकल उहे अइसन गलत सलत आरोप लगा रहल बा. राजेन्द्र कालेज में कामर्स, जन्तु विभाग, आ इतिहास के ढेर मांग बा बाकिर जगहा सीमित होखे का चलते कालेज प्रशासन अपना के असहाय बतावत बा.

0 Comments