भोजपुरी परदा पर एक्शन से भरल ‘सपूत’

सिनेमा भोजपुरी का परदा पर अब एक्शन से भरल फिल्म ‘सपूत’ धमाल मचावे के तइयार बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट प्रस्तुति आ मुम्बाजी आर्ट्स के बैनर तले बनल ‘सपूत’ में खेसारी लाल यादव पहिला बेर बहुते खतरनाक स्टंट्स करत नजर अइहें. लेखक-निर्माता महेश पाण्डे के एह फिल्म के निर्देशक हउवें मुकेश पाण्डे. फिल्म के पुरा शुटिंग 45 दिन के मैराथन शेड्यूल में भइल बा आ एहमें खेसारीलाल के एक्शन अवतार देखे के मिली. उनुका साथे नया आइल अदाकारा खुशबु बाड़ी. बाकी कलाकारन में मनमोहन तिवारी, काजल सिंह, मनोज वर्मा, ब्रजेश त्रिपाठी, उमेश सिंह, पुष्पा वर्मा, आ संजय पाण्डे, के खास भुमिका बा. फिल्म में एक्शन स्टंट्स फिल्मवले बाड़न सिंह इज किंग. गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार दुर्गा-नटराज, राजेश गुप्ता, संवाद लेखक संतोष मिश्रा हउवें. अबहीं फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन चलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।