ललका कालीन पर चलत बाड़ी पाखी हेगडे

भोजपरी सिनेमा के मशहूर अदाकारा पाखी हेगडे आजुकाल्हु लंदन गइल बाड़ी जहवाँ ऊ लंदन एशियन फिल्म फेस्टीवल का ललका कालीन पर टहलत बाड़ी. पाखी के पहिलका हिन्दी फिल्म “वुमन फ्राम द ईस्ट” उनुका के ई सौभाग्य दिहले बा. खुद पाखी के कहना बा कि ई कवनो क्षेत्रीय कलाकार खातिर गौरव के बात होखी आ ऊ अपना एह सफलता से गदगद बाड़ी. अभिषेक बच्चन के संरक्षत्व वाला लंदन एशियन फिल्म फेस्टीवल में आमिर खान के “पिपली लाइव” आ बिपाशा बसु के “पंख” ओ शामिल बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।