संजय पांडे बनलन दबंग दरोगा

सिनेमा भोजपुरी के प्राण खलनायक संजय पांडे अब ‘रखवाला’ में एगो दबंग स्टाइल के पुलिस वाला बनल बाड़ें. स्टाइलो अइसन के जेही देखे चउँक जाए. एह फिलिम में संजय पांडे पहिला बेर कवनो पॉजिटिव भूमिका में नजर अइहें. अपना एह किरदार से बहुते उछाह में बाड़ें संजय पांडे. कहलन कि उनुका ई चुनौती भरल किरदार बहुते पसंद आइल रहे एहसे तुरते सकार लिहलें.

असलम शेख के एह होम प्रोडक्शन फिलिम में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, रिंकू घोष, संजय पाण्डेय, उल्हास, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, सोनिया मिश्रा, पूनम वर्मा, मनोज भावुक आ बृजेश त्रिपाठी के खास भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..