चर्चा बटोरत बाड़न निर्देशक दिनेश यादव

कवनो फिलिम के रिलीज होखे से पहिलही अगर निर्देशक के चरचा होखे लागे त तय मानीं कि ओकर धुकधुकी बढ़ जाले कि ऊ लोग का कसौटी पर खरा उतरें. आजुकाल अइसने चरचा में आइल बाड़ें निर्देशक दिनेश यादव जिनकर पहिलका फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ के रिलीज होखल बाकी बा अबहीं.

निर्देशक राजकुमार पांडे के सहयोगी रहल दिनेश यादव निर्देशित पहिलका फिलिम हवे ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ जवना में तरोताजा चेहरा विजय वर्मा, सिनेमा भोजपुरी के रानी रानी चटर्जी, खलनायक संजय पांडे, अरविंद अकेला ‘कल्लू’, एयाज खान वगैरह के खास भूमिका बा, बनावत बिया सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि..


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।