चर्चा बटोरत बाड़न निर्देशक दिनेश यादव

कवनो फिलिम के रिलीज होखे से पहिलही अगर निर्देशक के चरचा होखे लागे त तय मानीं कि ओकर धुकधुकी बढ़ जाले कि ऊ लोग का कसौटी पर खरा उतरें. आजुकाल अइसने चरचा में आइल बाड़ें निर्देशक दिनेश यादव जिनकर पहिलका फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ के रिलीज होखल बाकी बा अबहीं.

निर्देशक राजकुमार पांडे के सहयोगी रहल दिनेश यादव निर्देशित पहिलका फिलिम हवे ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ जवना में तरोताजा चेहरा विजय वर्मा, सिनेमा भोजपुरी के रानी रानी चटर्जी, खलनायक संजय पांडे, अरविंद अकेला ‘कल्लू’, एयाज खान वगैरह के खास भूमिका बा, बनावत बिया सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि..


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..