"खुद्दार" के संगीत वेव म्यूजिक पर जारी भइल

भोजपुरी वीडियो अलबम आ फिल्म संगीत के क्षेत्र में आगा बढ़त कंपनी ‘वेव म्यूजिक’ पिछला दिने भोजपुरी फिल्म “खुद्दार” के म्यूजिक रिलीज कइलसि. एह एमपी थ्री सीडी में कुल चालीस गाना बा जवना में फिल्म “खुद्दार” के गाना रचा ले शादी ओ साहबजादी, बिंदिया सजइले बाडू लाली लगइले बाडू, फागुनी बयार बहे, जहिया से देखनी दिलवा इलू इलू बोले, जब तक इ सूरज चाँद रही, सैयां बेदर्दी न बुझे दरदिया, लाले लाले होठवा ए गोरी, तोहरे दर पे खड़ा सवाली, आ अब तुहूँ पंडित जी शामिल बाड़ी सँ.

फिल्म के निर्माता दिनेश कुमार चौबे, पटकथा लेखक आ निर्देशक रवि सिन्हा, कथाकार आ गीतकार चन्द्र भूषण तिवारी, अउर संगीतकार राजेश गुप्ता हउवें, फ़िल्म जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..