‘वीर बलवान’ पवन सिंह के मुहूर्त धूमधाम से भइल

पिछला दिने स्टार आ गायक पवन सिंह के फिल्म ‘वीर बलवान’ के शानदार मुहूर्त पवन सिंह आ कल्पना के आवाज़ में गाना रिकार्डिंग क साथे मुंबई के अंधेरी स्थित एम4यू स्टूडियो में सिनेमा भोजपुरी के दिग्गजन के जमावड़ा बीच भइल. एकर निर्माता हउवें बाबू त्यागी. जिनकर फिल्म ‘अन्धा कानून’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. ‘वीर बलवान’ के निर्देशित करीहें राजू. जिनकर निर्देशित फिल्म ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ जल्दिए रिलीज होखे वाला बा.

मुहुर्त पर नारियल फोड़े के परंपरा जानल मानल निर्माता-निर्देशक विमल कुमार निभवलें. एह फिल्म के प्रेजेन्ट करत बाड़ें हीना आई एन.सी.. एसोसिएट प्रोड्यूसर हउवे अजय कुमार, गीत संगीत विनय बिहारी के, आ कहानी लिखले बाड़े मनोज टाइगर.

मुहुर्त पर बधाई देबे वालन में निर्माता निर्देशक विमल कुमार, निर्देशक असलम शेख, निर्माता इश्तियाक शेख ‘बंटी’, मनोज टाइगर, बृजेश त्रिपाठी, संजय पांडे, दिलीप सिन्हा, एहसान खान, अनिल यादव, माया यादव, शमीम खान, दीपक भाटिया, कैमरा मैन एस. जहांगीर, डांस मास्टर संजय, एडीटर गोविंद दुबे, पीआरओ शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा वगैरह मौजूद रहलें.

फिल्म सितम्बर महीना से फ्लोर पर जाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..