सिनेमा भोजपुरी के टाईगर हउवें पवन सिंह

भोजपुरी अभिनेता पवन सिंह एक बेर फेरू साबित कर दिहलन कि उहे असल टाईगर हउवन सिनेमा भोजपुरी के. उनुका चाहे वालन में उनुकर अइसन क्रेज बा जे उनुकर फिलिम देखे दर्शकन के हजूम उमड़ पड़ेला. हालही में रिलीज पवन सिंह के फिलिम ‘डकैत’ के सफलता के आलम ई बा कि सगरी सिनेमा हाल में शो शूरु होखे से एक घंटा पहिलही हाउस फुल हो जात बा.

फिल्म डकैत देखे ला भिवंडी समेत मुंबई के तमाम सिनेमाघरन में हालात ई रहुवे कि लगभग डेढ़ डेढ़ हजार लोग सिनेमाघर के बहरी टिकट खरीदे खातिर लाइन में रहलें. रमजानो का महीना में तमाम सिनेमा घर हाउस फुल चलत बाड़ी सँ. प्रीमियर ला जब मुंबई आ भिवंडी के सिनेमाघरन में पवन सिंह फिलिम के पूरा टीम संगे चहुँपलें त उनकर एक झलक देखे खातिर हजारन के भीड़ उमड़ पड़ल. भीड़ सम्हारे ला पुलिस के लाठी भाँजे पड़ल. अगल बगल का घर का छतो पर से लोग एह भोजपुरिया टाईगर के दीदार करत रहलें.

मिथिला टॉकीज के बैनर में बनल ‘डकैत’ के निर्माता मनोज चौधरी आ निर्देशक रवि भूषण हउवें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

1 Comment

  1. dharmendra kumar

    PAWAN BHAI RAUWA AGO ORIGINAL FACEBOOK ID BANAI .AUR RAUWA OKRA KE REGULAR UPDATE KARAT RAHI….HUMNI KE BARA MAN BA AAPAN BHOJPURIA LAAL KE BARE ME JANE KE

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।