पचरुखी से भगावल तीन गो लड़िकी हाजीपुर से बरामद

सिवान के पचरूखी से भगावल तीन गो लड़िकी के पुलिस हाजीपुर स्टेशन से बरामद कर लिहलसि.बाद में पता चलल कि एह तीनो के कुछ लड़ीका नौकरी लगावे का बहाने अपना साथे
कलकत्ता ले गइल रहले सँ. ओहिजा एगो आर्केस्ट्रा पार्टी से नौकरी पर लगावे के बात भइल बाकिर ऊ ना मनलसि. एह बीच लड़िकियन के गुमशुदगी के मुकदमा दर्ज हो गइल रहुवे त एकनी के चहुँपावे खातिर हाजीपुर ले आ के छोड़ दिहले सँ जहाँ से पचरुखी पुलिस ओकनी के अपना साथे लिवा गइल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।