गोपालपुर थाना फूंक दिहल लोग

गोपालगंज जिला में कुचायकोट प्रखंड के गोपालपुर थाना के खिसयाइल गाँव वाले फूंक दिहलें. एह अगलगी से ओहिजा राखल दर्जनो गाड़ी आ कागजात राख हो गइल. थाना में बनल सिपाहियन के डेरो में तोड़फोड़ कइल लोग.

बतावल जात बा कि दू दिन पहिले कुछ लोग दू गो मोटर साइकिल सवारन के पीट दिहले रहुवे आ एकर शिकायत कइला का बादो पुलिस कुछ ना कइलसि. एह बीच पिटाई से घवाहिल एगो लड़िका इलाज करावे लखनऊ ले गइल रहुवे जहवाँ ओकर मौत हो गइल. ई सुनते गाँव वाला खीसी लाल हो गइलें आ हजारो लोग गोपालपुर थाना पर हमला कर दिहल.

घटना के जानकारी मिलला पर डीएम आ एसपी गोपालपुर चहुँप के हालात पर काबू करवलें.

0 Comments

Recent Posts