बिहार पुलिस बहाली में औरतन ला पैंतीस फीसदी आरक्षण
-

काल्हु पटना गाँधी मैदान में बिहार दिवस समारोह के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार घोषणा कइलन कि अब राज्य में हर तरह के पुलिस बहाली में पैंतीस फीसदी जगहा औरतन ला आरक्षित रही. पहिले ई आरक्षण तीने फीसदी के रहुवे. बतवलन कि बिहार सरकार नारी सशक्तिकरण ला समर्पित बिया. इहो कहलन कि अबसे सगरी सहकारी संगठन आ पैक्स में आधा जगहा औरतन खातिर होखी. अगिला पाँच साल में औरतन के दस लाख स्वंय सहायता समूह बनवावल जाई.

जाने जोग बा कि बिहार में पंचायत आ नगर निकायन के हर स्तर पर औरतन ला पचास फीसदी सीट आरक्षित होला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts