सुदीप पान्डेय अभिनीत "जय हो जगदम्बा माई" के संगीत जारी भइल

पिछला दिने मुंबई में सुदीप पान्डेय अभिनीत फिलिम “जय हो जगदम्बा माई” के संगीत जारी कइल गइल. एह मौका पर दिव्या द्विवेदी, राखी सावंत, डॉली बिन्द्रा, डा॰ रंजू सिन्हा, निर्देशक राज वर्म्, राकेश सावंत, सुदेश बेरी, किशन खदरिया वगैरह खासमखास लोग मौजुद रहल.

फिलिम का बारे में बतावत सुदीप पाण्डेय कहलन कि एह फिलिम में ऊ एगो मतिसुन्न धनी लड़िका के किरदार कइले बाड़न जवना के देह त बढ़ गइल बा बाकि बुद्धि लड़िकन जस बा. ओकर रिश्तेदार ओकर संपति हड़पे का फिराक में बाड़े बाकिर जगदम्बा माई के कृपा से ऊ अपना सगरी दुश्मनन से पार पा लेत बा.

संजय शर्मा राज

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..