मनोज पाण्डेय अभिनीत ’खोंईछा’ क शूटिंग मुजफ्फरपुर में

एल.के. प्रोडक्शन के बैनर में बनत भोजपुरी फिल्म ’खोंईंछा’ की शूटिंग एहघरी बिहार के मुजफ्फरपुर में चलत बा. पारिवारिक कहानी आ रीति रिवाजन पर बनल एह फिलिम में एक्शन किंग मनोज पाण्डेय पहिला हाली देहाती भेशभूषा में अभिनय करत नजर अइहन. उनुका सोझा नायिका रहीहें अपूर्वा जे अपना सेक्सी अदाअन से मनोज पाण्डेय संगे जलवा छीटीहें.

लेखक-निर्माता कृष्णेश्वर शर्मा, निर्देशक जितेन्दर कुमार सुमन, गीत राकेश निराला आ जितेन्दर कुमार सुमन, संगीत राकेश त्रिवेदी, कैमरा शिवा चौधरी, नृत्य महादेवन, फाईट भूराज भट्ट, आ पटकथा-संवाद राकेश निराला के. मुख्य कलाकारन में मनोज पाण्डेय, अपूर्वा, सकल बलमुआ, रंजना देसाई, शशी साहनी, दिपांकर सिंह, भारतेन्दु भूषण, रूपा सिंह, राम स्वरूप भगत, कृष्णेश्वर शर्मा धर्मेन्दर सम्राट, विक्रांत गोस्वामी, नेहा तिवारी, पूजा शाह, आर के गोस्वामी, उमेश पाण्डेय, जितेन्दर पाण्डेय, शिवम तिवारी, भारती तिवारी, सीमा सिंह वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *